अखिलेश यादव

विकिपीडिया से
Jump to navigation Jump to search
अखिलेश यादव
Akhilesh Yadav.jpg
20th उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री
पद पर मौजूद
पदभार लिहल गइल
15 मार्च 2012
गवर्नर बनवारी लाल जोशी
अजीज कुरैशी
राम नाइक
इनसे पहिले मायावती
Member of parliament, Lok Sabha
पद पर रहलें
2009 – 2 मई 2012
सीट कन्नौज
पद पर रहलें
2000–2004
पद पर रहलें
2004–2009
निजी जानकारी
जनम (1973-07-01) 1 जुलाई 1973 (उमिर 45)
सैफई, इटावा, उत्तर प्रदेश
राष्ट्रीयता भारतीय
राजनीतिक पार्टी समाजवादी पार्टी
जीवनसाथी डिंपल यादव
संबंध-रिश्ता मुलायम सिंह यादव (बाप)
रामगोपाल यादव (चाचा)
शिवपाल सिंह यादव (चाचा)
धर्मेन्द्र यादव (चाचा भाई)
संतान 3
निवास 5 विक्रमादित्य मार्ग, लखनऊ, उत्तर प्रदेश
महतारी संस्था धौलपुर सैनिक इस्कूल
मैसूर विश्वविद्यालय
सिडनी विश्वविद्यालय
प्रोफेशन राजनीतिग्य

अखिलेश यादव (जनम 1 जुलाई 1973) भारत के उत्तर प्रदेश राज्य के वर्तमान मुख्यमंत्री बाड़ें आ ऊ 15 मार्च 2012 के 38 बरिस के उमिर में एह पद पर पहुँचे वाला अब तक ले के सभसे कम उमिर के ब्यक्ति बाड़ें।

जीवन परिचय[संपादन]

अखिलेश यादव के जनम 1 जुलाई 1973 के सैफई गाँव में मुलायम सिंह यादव आ उनुके के पहिली मेहरारू मालती यादव के बेटा के रूप में भइल। उनुके माता जी के जल्दिये देहांत हो गइल। आखिलेश के सुरुआती पढ़ाई धौलपुर मलेटरी इस्कूल में भइल। एकरा बाद ऊ मैसूर इन्वर्सिटी से सिविल इंजीनियरी पास कइलें। आगे के पढ़ाई करे खातिर ऊ ऑस्ट्रेलिया चल गइलेन आ उहाँ पर सिडनी विश्वविद्यालय से पर्यावरण इंजीनियरी में मास्टर डिग्री लिहलें।

अखिलेश के पत्नी डिंपल यादव हई जिनसे सन 1999 में बियाह भइल आ आखिलेश आ डिंपल वर्तमान में दू गो बेटी आ एक ठो बेटा के माई-बाप बा लोग।[1][2]

अखिलेश के पहिला राजनीतिक सफलता कन्नौज से सांसद के रूप में चुनल गइल रहल।

संदर्भ[संपादन]

  1. Pandey, Geeta (15 मार्च 2012); "Akhilesh Yadav: the new chief minister of Uttar Pradesh"; BBC. 
  2. Bhatt, Virendra Nath (14 मार्च 2012); "The party is over and the bill is due: Akhilesh Yadav"; Tehelka.