इर्तिश नदी

विकिपीडिया से
इर्तिश नदी
इर्तिश नदी के बहाव थाला
लोकेशन
देसमंगोलिया, चीन, कजाकिस्तान, रूस
भौतिक लच्छन सभ
Source 
 - locationअल्टाई परबत, Mang-tai-ch’ia-ta-fan दर्रा के लगे, शिनजियांग, चीन
 - coordinates47°52′39″N 89°58′12″E / 47.87750°N 89.97000°E / 47.87750; 89.97000
 - elevation2,960 मी (9,710 फीट)
मुहाना 
 - location
ओब नदी
 - coordinates
61°05′24″N 68°49′15.60″E / 61.09000°N 68.8210000°E / 61.09000; 68.8210000निर्देशांक: 61°05′24″N 68°49′15.60″E / 61.09000°N 68.8210000°E / 61.09000; 68.8210000
लंबाई4,248 किमी (2,640 मील)
थाला के साइज1,643,000 किमी2 (634,000 वर्ग मील)
Discharge 
 - average2,150 m3/s (76,000 cu ft/s) (टोबोल्स्क के लगे)
थाला लच्छन
प्रोग्रेसनओबकारा सागर

इर्तिश नदी (अंग्रेजी: Irtysh river) चाहे इरतिश नदी, एशिया महादीप के एक ठो प्रमुख नदी बाटे। ई नदी मंगोलियन अल्टाई परबत से जुंगेरिया इलाका में (चीन के शिनजियांग प्रांत के उत्तरी हिस्सा) से निकले ले, मंगोलिया के बाडर के नगीचे से आ कजाकिस्तानरूस के साइबेरिया क्षेत्र में बहे ले जहाँ ई ओब नदी में मिल जाले। ऊपरी हिस्सा में, जबले कि ई कजाकिस्तान के जायसान झील में ना मिले ले, एकरा के कारा-इर्तिश के नाँव से बोलावल जाय जेकर मलतब होला करिया रंग के इर्तिश भा काली-इर्तिश नदी। हालाँकि अब ई इस्तेमाल बहुत चलन में ना रह गइल बा।

इर्तिश नदी के कुल लंबाई 4,248 किमी (2,640 मील) बाटे आ एकरे थाला के कुल रकबा 1,643,000 किमी2 (634,000 वर्ग मील) बाटे। चूँकि, ई ओब नदी के सहायिका मानल जाले आ दुनों के संगम के बाद आगे नदी के नाँव ओब हो जाला, भूगोल में एह दुनों नदिन के संजुक्त सिस्टम के ओब-इर्तिश सिस्टम कहल जाला। ओब नदी दुनियाँ के सातवीं सभसे बड़हन नदी हवे आ ओब-इर्तिश सिस्टम एशिया के चउथा सभसे बड़हन नदी सिस्टम हवे।[1]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. S.J, Ainsworth, R. , Cowx, I. G. , Funge-Smith (21 जनवरी 2021). A review of major river basins and large lakes relevant to inland fisheries (अंग्रेजी में). Food & Agriculture Org. ISBN 978-92-5-133826-1. Retrieved 23 मार्च 2022.

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]

  • विकिमीडिया कॉमन्स पर Irtysh River से संबंधित मीडिया