रामदा एशिया पसिफ़िक
रामदा एशिया पसिफ़िक विन्धाम होटल ग्रुप के द्वारा संचालित अंतर्राष्ट्रीय होटल चैन क एगो क्षेत्रीय अंग ह.
रामदा एशिया पसिफ़िक नेट्वर्क सन् 1991 में चीन की गुआंगज्होउ प्रांत से एगो होटल की साथ शुरू भइल रहे. तबसे इ ए क्षेत्र की 12 देश में 79 होटल की साथ फ़ैल चुकल बा. अगला कुछ साल में एशिया पसिफ़िक क्षेत्र की खातिर एकर कई सम्पति क योजना बा.[1]
1. एशिया पसिफ़िक क्षेत्र में सम्पति
[संपादन करीं]एशिया पसिफ़िक में रामदा होटल एकल मलिकी की तहत बा आ व्यवसाय खातिर सफ़र करे वाला लोगन की अलावा मध्यमवर्गीय लोग जे छुट्टी मनावे आवे ला, ओके आकर्षित कइले की हिसाब से स्थापित कइल गइल बा. एमें खईले पिअले क सुविधा, बिजनस क सुविधा और जिम क सुविधा की साथ सब जरुरी सुविधा उपलब्ध बा.
एशिया पसिफ़िक में इ होटल ऑस्ट्रेलिया, चीन, गुआम, होन्ग कोंग, भारत, इंडोनेशिया, जापान, कोरिया, मलेशिया, न्यू कैलेडोनिया, पाकिस्तान, श्रीलंका और थाईलैंड में फैलल बा.
2. भविष्य में विस्तार क योजना
[संपादन करीं]सिंगापुर
[संपादन करीं]विन्धाम होटल ग्रुप सन् 2014 में 391 रूम की साथ बलेस्टर पार्क क्षेत्र में शुरुआत क योजना बनवले रहे. ए 17 मंजिल होटल में रेस्तरां, फिटनेस सेण्टर, स्विमिंग पूल, बिजनस सेण्टर आ 600 स्क्वेअर मीटर से अधिक क मीटिंग क जगह होई.[2]
चीन
[संपादन करीं]फरवरी 2010 में विन्धाम होटल ग्रुप चीन में विस्तार कइले क घोषणा कइले रहे, जेसे कुल रामदा होटल क सम्पति ओइजा 39 हो गइल. ए कुल होटल में रेस्तरां, फिटनेस सेण्टर, स्विमिंग पूल, बिजनस सेण्टर जइसन सुविधा मिली.[3]
भारत
[संपादन करीं]भारत में ए समूह क योजना विस्तार क के 14 ले पहुँचले क रहल ह. विस्तार क योजना अमृतसर [4], नई दिल्ली, द्वारका, गुरुग्राम में रहल ह.
थाईलैंड
[संपादन करीं]इ समूह सन् 2009 में बैंग्कोक में विस्तार योजना पर सही कइले रहे. कुल 3 नया सम्पति क निर्माण एइजा चलता, एकरी बाद एइजा रामदा होटल की कुल संख्या 6 हो जाई. ए होटल में शारीरिक रूप से अक्षम मेहमान लोगन खातिर ख़ास सुविधा दिहल जाला.
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ "व्य्न्धम् होटल समूह फ्रैंचाइज़ी अवसर". व्य्न्धम् होटल समूह. Archived from the original on 10 February 2016. Retrieved 21 July 2016.
- ↑ "व्य्न्धम् प्रवेश सिंगापुर होटल बाजार रमादा और डेज ब्रांडों के साथ". वर्ल्डप्रॉपर्टीजॉर्नल.
कॉम. Archived from the original on 17 February 2016. Retrieved 21 July 2016.
{{cite web}}
: line feed character in|publisher=
at position 23 (help) - ↑ "रामद ऑफ़ व्यंधम होटल ग्रुप टू ऐड 4 मोरे होटल्स इन फूजियान & चीन". व्हाटसोंसिआमेन.कॉम. Retrieved 21 July 2016.
- ↑ "अबाउट रमादा अमृतसर". Retrieved 21 July 2016.