रामदा एशिया पसिफ़िक

विकिपीडिया से

रामदा एशिया पसिफ़िक विन्धाम होटल ग्रुप के द्वारा संचालित अंतर्राष्ट्रीय होटल चैन क एगो क्षेत्रीय अंग ह.

रामदा एशिया पसिफ़िक नेट्वर्क सन् 1991 में चीन की गुआंगज्होउ प्रांत से एगो होटल की साथ शुरू भइल रहे. तबसे इ ए क्षेत्र की 12 देश में 79 होटल की साथ फ़ैल चुकल बा. अगला कुछ साल में एशिया पसिफ़िक क्षेत्र की खातिर एकर कई सम्पति क योजना बा.[1]

1. एशिया पसिफ़िक क्षेत्र में सम्पति[संपादन करीं]

एशिया पसिफ़िक में रामदा होटल एकल मलिकी की तहत बा आ व्यवसाय खातिर सफ़र करे वाला लोगन की अलावा मध्यमवर्गीय लोग जे छुट्टी मनावे आवे ला, ओके आकर्षित कइले की हिसाब से स्थापित कइल गइल बा. एमें खईले पिअले क सुविधा, बिजनस क सुविधा और जिम क सुविधा की साथ सब जरुरी सुविधा उपलब्ध बा.

एशिया पसिफ़िक में इ होटल ऑस्ट्रेलिया, चीन, गुआम, होन्ग कोंग, भारत, इंडोनेशिया, जापान, कोरिया, मलेशिया, न्यू कैलेडोनिया, पाकिस्तान, श्रीलंका और थाईलैंड में फैलल बा.

2. भविष्य में विस्तार क योजना[संपादन करीं]

सिंगापुर[संपादन करीं]

विन्धाम होटल ग्रुप सन् 2014 में 391 रूम की साथ बलेस्टर पार्क क्षेत्र में शुरुआत क योजना बनवले रहे. ए 17 मंजिल होटल में रेस्तरां, फिटनेस सेण्टर, स्विमिंग पूल, बिजनस सेण्टर आ 600 स्क्वेअर मीटर से अधिक क मीटिंग क जगह होई.[2]

चीन[संपादन करीं]

फरवरी 2010 में विन्धाम होटल ग्रुप चीन में विस्तार कइले क घोषणा कइले रहे, जेसे कुल रामदा होटल क सम्पति ओइजा 39 हो गइल. ए कुल होटल में रेस्तरां, फिटनेस सेण्टर, स्विमिंग पूल, बिजनस सेण्टर जइसन सुविधा मिली.[3]

भारत[संपादन करीं]

भारत में ए समूह क योजना विस्तार क के 14 ले पहुँचले क रहल ह. विस्तार क योजना अमृतसर [4], नई दिल्ली, द्वारका, गुरुग्राम में रहल ह.

थाईलैंड[संपादन करीं]

इ समूह सन् 2009 में बैंग्कोक में विस्तार योजना पर सही कइले रहे. कुल 3 नया सम्पति क निर्माण एइजा चलता, एकरी बाद एइजा रामदा होटल की कुल संख्या 6 हो जाई. ए होटल में शारीरिक रूप से अक्षम मेहमान लोगन खातिर ख़ास सुविधा दिहल जाला.

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "व्य्न्धम् होटल समूह फ्रैंचाइज़ी अवसर". व्य्न्धम् होटल समूह. Archived from the original on 10 February 2016. Retrieved 21 July 2016.
  2. "व्य्न्धम् प्रवेश सिंगापुर होटल बाजार रमादा और डेज ब्रांडों के साथ". वर्ल्डप्रॉपर्टीजॉर्नल. कॉम. Archived from the original on 17 February 2016. Retrieved 21 July 2016. {{cite web}}: line feed character in |publisher= at position 23 (help)
  3. "रामद ऑफ़ व्यंधम होटल ग्रुप टू ऐड 4 मोरे होटल्स इन फूजियान & चीन". व्हाटसोंसिआमेन.कॉम. Retrieved 21 July 2016.
  4. "अबाउट रमादा अमृतसर". Retrieved 21 July 2016.