Jump to content

मेटाबॉलिज्म

विकिपीडिया से
Simplified view of the cellular metabolism
कोशिका में होखे वाला, सेलुलर मेटाबोलिज्म के आसान रूप में देखावल गइल बा।

मेटाबॉलिज्म (अंग्रेजी: metabolism) जियतार जीवधारी सभ के जियत रहे खातिर जरूरी केमिकल रिएक्शन सभ के सेट (समूह) होला। एकर तीन गो मुख्य फंक्शन भा काम होखे लें: खाना के एनर्जी भा ऊर्जा के रूप में बदलाव जवना से कि कोशिका सभ के कामकाज चालू रह सके; खाना के प्रोटीन, लिपिड, न्यूक्लिक एसिड आ कुछ कार्बोहाइड्रेट सभ के निर्माण करे वाला टुकड़ा सभ में बदले के काम; आ मेटाबोलिक फालतू बचल चीज सभ के हटावे के काम। ई रासायनिक रिएक्शन सभ एंजाइम सभ द्वारा कैटलाइज कइल जालीं आ जीवधारी सभ के बढ़े, प्रजनन करे, आपन ढाँचा के बचवले रहे आ अपना पर्यावरण से प्रतिक्रिया करे में कामे आवे लीं।