Jump to content

मेटाबॉलिज्म

विकिपीडिया से
Simplified view of the cellular metabolism
कोशिका में होखे वाला, सेलुलर मेटाबोलिज्म के आसान रूप में देखावल गइल बा।

मेटाबॉलिज्म (metabolism) जियतार जीवधारी सभ के जियत रहे खातिर जरूरी केमिकल रिएक्शन सभ के सेट (समूह) होला। एकर तीन गो मुख्य फंक्शन भा काम होखे लें: खाना के एनर्जी भा ऊर्जा के रूप में बदलाव जवना से कि कोशिका सभ के कामकाज चालू रह सके; खाना के प्रोटीन, लिपिड, न्यूक्लिक एसिड आ कुछ कार्बोहाइड्रेट सभ के निर्माण करे वाला टुकड़ा सभ में बदले के काम; आ मेटाबोलिक फालतू बचल चीज सभ के हटावे के काम। ई रासायनिक रिएक्शन सभ एंजाइम सभ द्वारा कैटलाइज कइल जालीं आ जीवधारी सभ के बढ़े, प्रजनन करे, आपन ढाँचा के बचवले रहे आ अपना पर्यावरण से प्रतिक्रिया करे में कामे आवे लीं।