काला सागर

विकिपीडिया से
Black Sea
The location of the Black Sea
Map of the Black Sea with bathymetry and surrounding relief
लोकेशनEurope and Western Asia
निर्देशांक44°N 35°E / 44°N 35°E / 44; 35निर्देशांक: 44°N 35°E / 44°N 35°E / 44; 35
प्रकारSea
आगमDanube, Dnieper, Don, नीस्टर, Kuban
निकासBosporus
थाला के देसBulgaria, Georgia, Romania, Russia, Turkey, Ukraine
A large number of countries included in drainage basins for inflow rivers
अधिकतम लंबाई1,175 किमी (730 मील)
सतह क्षेत्र436,402 किमी2 (168,500 वर्ग मील)[1]
औसत गहिराई1,253 मी (4,111 फीट)
अधिकतम गहिराई2,212 मी (7,257 फीट)
आयतन547,000 किमी3 (131,200 घन मील)

काला सागर (अंग्रेजी: Black Sea; ब्लैक सी, शाब्दिक अरथ करिया सागर), भूमध्य सागर के एगो सीमांत सागर हवे जे यूरोपएशिया के बीचा में पड़े ला। ई बाल्कन के पूरुब में, पूरबी यूरोपीय मैदान के दक्खिन में आ दक्खिनी कॉकेशस आ अनातोलिया प्रायदीप के उत्तर में बाटे। एह में यूरोप के कई गो प्रमुख नदी गिरे लीं जइसे कि डेन्यूब, नीपर, नीस्टरडॉन नदी। एकरे तीरे पर छह गो देस बाड़ें हालाँकि एकर थाला जहाँ ले के पानी एह में आवे ला ऊ कई गो अउरी देसन में फइलल बाटे।

काला सागर के कुल रकबा 436,400 किमी2 (4.697×1012 वर्ग फु) बाटे[2] (बिना अजोव सागर के शामिल कइले) आ एकर अधिकतम गहिराई 2,212 मी (7,257 फीट) बा,[3] आ कुल आयतन 547,000 किमी3 (1.93×1016 घन फुट) बाटे।[4] एकरे किनारे के जमीन के ओर बढे पर तेजी से ऊँचाई बढ़े ले। एकरा दक्खिन में पोंटिक पहाड़ी क्षेत्र बा, पूरुब में कॉकेशस परबत के इलाका बा आ उत्तर में क्राइमिया के पहाड़ी इलाका बाड़ें। पच्छिमी किनारा के ओर छोट खन निचाई वाला बाढ़ मैदान वाला हिस्सा हवे। उत्तर में ई अजोव सागर से कर्च के जलजोड़ से जुड़ल बा जहाँ से पानी हासिल करे ला। दक्खिनी-पच्छिमी ओर एक ठो पातर जलजोड़ बास्पोरस हवे जे एकरा के मारमरा सागर से जोड़े ला आ एह ओर पानी के निकास होखे ला; मारमरा सागर अंत में खुद दार्दानेल्स जलजोड़ द्वारा एजियन सागर से जुड़े ला जे भूमध्य सागर के एगो उत्तरी भुजा निअर हवे। एजियन सागर के गम्हीर आ बेसी खारा पानी नीचे निचे काला सागर में बहे ला आ ऊपरी हिस्सा में कम खारा आ हलुक पानी काला सागर से एजियन सागर में जाला।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "Black Sea NGO Network | Our Black Sea". www.bsnn.org.
  2. Surface area—"Black Sea Geography". University of Delaware College of Marine Studies. 2003. Retrieved April 3, 2014.
  3. Maximum depth—"Europa – Gateway of the European Union website". Environment and Enlargement – The Black Sea: Facts and Figures. Archived from the original on November 14, 2008.
  4. Murray, J. W.; Jannasch, H. W.; Honjo, S; Anderson, R. F.; Reeburgh, W. S.; Top, Z.; Friederich, G. E.; Codispoti, L. A.; Izdar, E. (March 30, 1989). "Unexpected changes in the oxic/anoxic interface in the Black Sea". Nature. 338 (6214): 411–413. Bibcode:1989Natur.338..411M. doi:10.1038/338411a0. S2CID 4306135.