Jump to content

एजियन सागर

विकिपीडिया से
Aegean Sea
Location of the Aegean Sea
The location of the Aegean Sea
लोकेशनMediterranean Sea
अक्षांस-देशांतर39°N 25°E / 39°N 25°E / 39; 25निर्देशांक: 39°N 25°E / 39°N 25°E / 39; 25
प्रकारSea
नाँव उत्पत्तीFrom Aegeus
Inachos, Ilisos, Spercheios, Pineios, Haliacmon, Vardar, Struma, Nestos, Maritsa
Mediterranean Sea
थाला के देसGreece, Turkey; North Macedonia, Serbia, Bulgaria (drainage basins for inflow rivers)[1]
अधि. लंबाई700 किमी (430 मील)
अधि. चौड़ाई400 किमी (250 मील)
सरफेस एरिया
214,000 किमी2 (2.30×1012 वर्ग फु)
अधि. गहिराई3,544 m (11,627 feet)
दीप150+
बस्तीAlexandroupoli, Athens, Ayvalık, Bodrum, Çanakkale, Çeşme, Didim, Heraklion, İzmir, Kavala, Kuşadası, Thessaloniki, Volos
Location
Lua error in package.lua at line 80: module 'Module:Infobox_dim/data' not found.

एजियन सागर (Aegean Sea) भा ईजियन सागर यूरोपएशिया के बीचा में, भूमध्य सागर के एगो लमछर खाड़ी हवे। ई बाल्कनअनातोलिया क्षेत्रन के बीचा में पड़े ला आ एकर बिस्तार करीबन 2,15,000 वर्ग किलोमीटर रकबा पर बाटे। उत्तर में ई सागर मारमरा सागरकाला सागर से डार्डेनल्सबास्पोरस जलजोड़ के माध्यम से जुड़ल बाटे। एह में मौजूद एगो दीपसमूह के नाँव एजियन दीपसमूह हवे जे एकरे दक्खिनी माथ पर बाटे, एह में क्रीटरोड्स दीप सामिल बाड़ें। एजियन सागर के अधिकतम गहिराई क्रीट के पूरुब में बा जहाँ ई 3,544 मीटर गहिरा बाटे। थ्रासियन सागर आ क्रीट सागर एकर उपबिभाग हवें।

एजियन सागर के इतिहासी महत्व रहल बाटे, बिसेस रूप से प्राचीन यूनान (एनशियेंट ग्रीस) के मामिला में, जे लोग एह एरिया में एही सागर के तीरे पर आ दीप सभ पर आबाद रहल।

  1. "Drainage Basin of the Mediterranean Sea" (PDF). Second Assessment of Ocean (Report). UNECE. November 2011.