अहिल्याबाई होलकर

विकिपीडिया से

अहिल्याबाई होलकर (31 May 1725 – 13 August 1795) मराठा साम्राज्य के एगो रानी रहली। इनकर जनम महाराष्ट्र के अहमादनगर के लगे जामखेड के चोंडी नाँव के जगह पर भइल रहे आ आगे जा के ई महेश्वर के रानी बनली। महेश्वर, वर्तमान में मध्य प्रदेश के इंदौर के दक्खिन में नर्मदा नदी के तीरे एगो कस्बा बाटे।

इनके पति आ महेश्वर के राजा खंडेराव होलकर के आ ससुर मल्हारराव होलकर के निधन के बाद ई गद्दी पर बइठली आ सत्ता सम्हरली। तुकोजी राव होलकर के ई आपन सेनापति बनवली आ अपना राज्य के आक्रमणकारी आ लुटेरा लोगन से रक्षा कइली।

इनका के पूरा भारत भर में मंदिर आ धरमशाला के निर्माण खातिर जानल जाला। इनका बनवावल मंदिर सभ में सभसे परसिद्ध बनारस के वर्तमान काशी विश्वनाथ मंदिर हवे।

संदर्भ[संपादन करीं]