डार्लिंग नदी

विकिपीडिया से

डार्लिंग नदी आस्ट्रेलिया के तिसरी सभसे लमहर नदी हवे जेकर लंबाई एकरे उदगम से ले के मरे नदी के साथे संगम ले कुल 1,472 किलोमीटर (915 मील) बाटे। ई नदी न्यू साउथ वेल्स के उत्तरी हिस्सा में निकले ले आ पूरा तरीका से एही राज्य में बहे ले आ वेंटवर्थ के लगे मरे नदी में मिल जाले। अगर एकरा साथे एकरे सगरी सतत बहे वाली सहायिका नदी सभ के लंबाई जोड़ल जाय तब कुल 2,844 किमी (1,767 मील) लंबाई के साथे ई आस्ट्रेलिया के सभसे लमहर नदी सिस्टम हवे।[1] आस्ट्रेलिया के सूखा आ अधसूखा इलाका जेकरा के आउटबैक के नाँव से जानल जाला, के ई एगो सबसे परसिद्ध जलमार्ग हवे।[2]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "(Australia's) Longest Rivers". Geoscience Australia. 16 अक्टूबर 2008. Retrieved 2009-02-16.
  2. Sally Macmillan (24 जनवरी 2009). "Darling River townships offer historic route". The Courier-Mail. Queensland Newspapers. Retrieved 30 अक्टूबर 2010.