ग्रेट डिवाइडिंग रेंज

विकिपीडिया से
ग्रेट डिवाइडिंग रेंज
ईस्टर्न हाइलैंड्स
Highest point
परबतचोटीमाउंट कोसीओस्की
ऊँचाई2,228 मी (7,310 फीट)
डाइमेंशन
लंबाई3,500 किमी (2,200 मील) उत्तर-दक्खिन
भूगोल
देसऑस्ट्रेलिया[1]
राज्य/प्रांतन्यू साउथ वेल्स, क्वींसलैंड and विक्टोरिया
Geology
चट्टान के उमिरकार्बनीफेरस

ग्रेट डिवाइडिंग रेंज (अंग्रेज़ी: Great Dividing Range, मतलब:महान बिभाजन करे वाली परबत श्रेणी) भा ईस्टर्न हाइलैंड्स (Eastern Highlands, पूरबी ऊँच भूमी ) ऑस्ट्रेलिया के सबसे बड़ परबत श्रेणी बाटे आ दुनिया के तीसरी सबसे लम्बी जमीनी परबत श्रेणी (गैर-समुंदरी) भी बा। ई पूर्वोत्तर क्वीन्ज़लैंड राज्य के तट से पार स्थित डाउअन द्वीप से ले के दक्खिन दिसा में में 3,500 किमी तक न्यू साउथ वेल्सविक्टोरिया राज्यन ले फइलल बाटे। ग्रेट डिवाइडिंग रेंज के चौड़ाई बिभिन्न जगह पर 150 किमी से 300 किमी के बीच बा। ऑस्ट्रेलिया के कई ठे नदी सभ एही परबत से निकले लीं, जिनहन में डारलिंग नदी भी शामिल बा।[2] एकर कई ठे उपश्रेणी भी बाड़ी, जइसे की स्नोई पर्वत (Snowy Mountains)। ऑस्ट्रेलिया के सभसे ऊँच पहाड़, 2,228 मीटर ऊँचाई वाला कोसीओस्को पर्वत (Mount Kosciuszko), एही स्नोई रेंज में स्थित बाटे।[3]

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Australia.gov. "Australian Rocks and Mountains". Archived from the original on 2012-07-15. Retrieved 20 दिसंबर 2015.
  2. Rivers and Streams, John P. Rafferty, pp. 214, The Rosen Publishing Group, 2011, ISBN 9781615304110, ... The Darling River is the longest member of the Murray–Darling river system in Australia. It rises in several headstreams in the Great Dividing Range (Eastern Highlands), near the New South Wales ...
  3. Australia 2009: Fodor's travel guides, pp. 114, Random House LLC, 2009, ISBN 9781400006984, ... a chain of low mountains known as the Great Dividing Range, which tops off at about 7,300 feet in the Snowy Mountains in the state's far south ...