योसेमिटी झरना

विकिपीडिया से
योसेमिटी झरना
Yosemite Falls
योसेमिटी घाटी से देखले पर झरना
योसेमिटी झरना is located in California
योसेमिटी झरना
योसेमिटी झरना is located in USA
योसेमिटी झरना
Locationयोसेमिटी घाटी, योसेमिटी नेशनल पार्क, कैलिफोर्निया, अमेरिका
Coordinates37°45′25″N 119°35′48″W / 37.756845°N 119.596785°W / 37.756845; -119.596785निर्देशांक: 37°45′25″N 119°35′48″W / 37.756845°N 119.596785°W / 37.756845; -119.596785[1]
Typeसीढ़ीदार (Tiered)
Total height2,425 फीट (739 मी)
Number of drops3
Longest drop1,430 फीट (436 मी)

योसेमिटी झरना अमेरिका के योसेमिटी नेशनल पार्क में एगो प्राकृतिक झरना बाटे।[2] ई एह नेशनल पार्क के सभसे ऊँच झरना हवे जे एकदम ऊपर से नीचे के आधार तक ले कुल 2,425 फीट (739 मी) के ऊँचाई वाला बा जेह में तीन गो खंड (सीढ़ीदार) बाड़ें। भूगोलीय रूप से ई झरना आ नेशनल पार्क सिएरा नेवादा परबत श्रेणी के हिस्सा हवें आ अमेरिका के कैलिफोर्निया राज्य में पड़े लें।

ई अमेरिका के कुछ सभसे प्रमुख पर्यटन वाला जगह सभ में गिनल जाला आ बसंत रितु के अंत में इहाँ सभसे ढेर पर्यटक लोग आवे ला जब एह झरना में सभसे बेसी पानी के बहाव होखे ला।

खंड[संपादन करीं]

एह सीढ़ीदार झरना में तर-ऊपर तीन गो खंड बाड़ें:

ऊपरी योसेमिटी झरना[संपादन करीं]

एगो प्लंज प्रकार के झरना हवे जे 1,430-फुट (440 मी) ऊँच बाटे। ई योसेमिटी क्रीक के तेजी से बहे वाला पानी के ईगल क्रीक मीडो नाँव के हिस्सा से हो के बहे के बाद एगो खड़ा किनारा से नीचे गिरे से बने ला।एकर दृश्य सभसे खुबसूरत देख्लाई पड़े ला। ई हिस्सा तीनों खंड में सभसे बेसी ऊँचाई वाला हवे। एह ऊपरी झरना के ऊपर वाला हिस्सा आ निचला बेस वाला हिस्सा, दुन्नो जगह ले पहुँचे खातिर पगडंडी नियर रस्ता से हो के पैदल जाये के पड़े ला।

बिचला कैस्केड्स[संपादन करीं]

बिचला हिस्सा कैस्केड प्रकार के झरना हवे जहाँ पानी चार गो प्लंज सभ में बँट के बहे ला आ झरना के प्रकार एही के चलते कैस्केड हो जाला। ई कैस्केड सभ बहुत सकेत गॉर्ज में बाड़ें आ घाटी में के ज्यादातर भ्यूप्वाइंट सभ से लउकबे ना करे लें। ऊपरी झरना ले जाए के पगडंडी वाला रस्ता सभ में कुछ जगह से इनहन के देखल जा सके ला। इनहन के ऊँचाई लगभग 675 फीट (206 मी) बाटे जे निचला हिस्सा के दुगुन्ना बा।

निचला योसेमिटी झरना[संपादन करीं]

तीनों खंड में सभसे नीचे हवे जे 320-फुट (98 मी) ऊँचाई वाला हऽ। ई नीचे के घाटी से आसानी से देखल जा सके ला। एह हिस्सा के निचला बेस के बाद पानी मर्सेड नदी में जा के मिले ला। बेस के लगे बने वाला झरना कुंड (प्लंज) के आसपास के हिस्सा ऊपर से आ के गिरल आ एकट्ठा भइल पाथर सभ (टॉलस) के चलते आ नम सतह के चलते बिछलहर वाला आ खतरनाक हवे।

पर्यटन[संपादन करीं]

योसेमिटी झरना ले पहुँचे खातिर योसेमिटी पार्क में मौजूद योसेमिटी लॉज़ ऍट दि फ़ाल्स नाँव के लॉज बाटे जहाँ रुकल जा[3] सके ला। एहिजा से झरना के निचला हिस्सा ले पगडंडी जाला।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "Yosemite Falls". World Waterfall Database.
  2. "Waterfalls - Yosemite National Park (U.S. National Park Service)". www.nps.gov (अंग्रेजी में). Retrieved 6 जनवरी 2022.
  3. Scott, Kay; Scott, Kay L. (14 अप्रैल 2009). Complete Guide to the National Park Lodges (अंग्रेजी में). Rowman & Littlefield. p. 63. ISBN 978-0-7627-5578-3. Retrieved 6 जनवरी 2022.

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]