डेंगू चाहे डेंगू बोखर (अंग्रेजी: Dengue fever; हिंदी में: डेंगू ज्वर) मच्छर से फइले वाली एक किसिम के गरम-इलाकाई बेमारी हवे जे डेंगू वाइरस के कारन होखे ले।[1] एकर लच्छन आमतौर पर तीन से चउदह दिन के भीतर प्रकट होखे लें जेह में, तेज जर-बोखार, कपार दरद, उल्टी होखल, मांसपेशी आ हड्डी के जोड़ में दरद अउरी चमड़ा पर खास किसिम के चकत्ता भा लाली मुख्य लच्छन हवें।[1][2] आमतौर पर दू दिन से एक हप्ता के भीतर ठीक होखे शुरू हो जाला, कुछ केस में ई दू तरह के होला घातक खूनी डेंगू जेह में खून के रिसाव होला आ प्लेटलेट्स के कमी हो जाला आ प्लाज्मा के रिसाव होखे लागे ला; दुसरा केस में, जेकरा के डेंगू शॉक सिंड्रोम कहल जाला बहुत घातक लेवल ले ब्लड प्रेशर गिर के लो हो जाला।[1][2]