डेंगू वायरस

विकिपीडिया से

डेंगू वायरस (अंग्रेजी: Dengue virus; हिंदी में: डेंगू विषाणु) अइसन वायरस हवे जेकरा चलते डेंगू बोखार के बेमारी होखे ला। ई मच्छर के शरीर में रह के आ मच्छर के काटे से फइले वाला वायरस हवे। ई सिंगल स्ट्रैंड आरएनए वायरस हवे जेकर पाँच गो सीरोटाइप अबतक ले चिन्हित कइल गइल बाड़ें। एह पाँचों के शरीर में इन्फेक्शन होखे से डेंगू के बेमारी हो सके ले।

हाल के सालन में, कम से पछिला 20 साल में, डेंगू वाइरस के बहुत तेजी से बढ़ती देखे में आइल बाटे। एकरे चलते ई गरम देस सभ में ई सभसे घातक मच्छर से होखे वाली बेमारी सभ में से एक भ गइल बाटे। वर्तमान में अइसन अनुमान बाटे की लगभग 390 मिलियन इन्फेक्शन हर बरिस हो रहल बाड़ें। साथे-साथ बहुत सारा अइसन इन्फेक्शन एह वाइरस से होखे लें जिन्हन से कौनों बेमारी के लच्छन ना उपजे ले, या फिर अतना हलुक लच्छन आ परेशानी होले की ई लोग अस्पताल ना जाला आ ई इन्फेक्शन गिनती में ना गिनल जा पावे लें।[1]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Bhatt S, Gething PW, Brady OJ, Messina JP, Farlow AW, Moyes CL, Drake JM, Brownstein JS, Hoen AG, Sankoh O, Myers MF, George DB, Jaenisch T, Wint GR, Simmons CP, Scott TW, Farrar JJ, Hay SI (April 2013). "The global distribution and burden of dengue". Nature. 496 (7446): 504–7. Bibcode:2013Natur.496..504B. doi:10.1038/nature12060. PMC 3651993. PMID 23563266.