मच्छर से फइले वाला रोग
मच्छर ले भइल रोग देह मे अईसन सूक्ष्मजीव के अईला से होखेला जेकनी के मच्छर से छितरेलऽसन। प्रत्येक बरस लमसम सत्तर करोड़ लोग के मच्छर ले भइल रोग होला आ एकरा से दस लाख से बेसी लोग मु जाला।[1]
मच्छर ले भइल रोग मे मलेरिया, डेंगू, वेस्ट नाइल वायरस, चिकनगुनिया, पितज्वर, फाइलेरिया, जापानी मस्तिष्कशोथ, सेंट लुईस इनसेफेलाइटिस, वेस्टर्न इक्विन इनसेफेलाइटिस, ईस्टर्न इक्विन इनसेफेलाइटिस, वेनेजुएला इक्विन इनसेफेलेटाइटिस, रॉस रिवर बोखार, बर्मा फोरेस्ट बोखार, ला क्रोस इनसेफेलाइटिस, ज़िका बुखार आउर नवा जानकारी के अनुसार किस्टोन वाईरस अउर रिफ्ट वैली बोखार लेखा रोग आवेला। कोविड-19 मच्छर से ना होला।
परकार
[संपादन करीं]प्रोटोजोआ
[संपादन करीं]एनोफ़िलीज़ कुल के मादा मच्छर मलेरिया जने अला परजीवी के ढोवले। चार परकार के प्रोटोजोआ से मलेरिया होला: प्लास्मोडियम फाल्सीपेरम, प्लास्मोडियम मलेरिए, प्लास्मोडियम ओवेल आ प्लास्मोडियम वीबेक्स। मलेरिया से पांच बरस से कम के लइकन के बेसी जान जाला। २०१२ मे दु करोड़ से बेसी लोगिन के मालेरिया भइल रहे आ पांच लाख से बेसी लोग मुअल रहे। २०१८ ले ई गिनती बढ़ि के दस लाख से बेसी चलि गइल।
माइसिस
[संपादन करीं]बोटफ़्लाई माइसिस जने अला बिखानू के अपना संगे दोसर जीवन प आन के छोड़ि देवेले आ ओहिजा से मच्छर ओह रोग के मानुस सभ मे फइलावेलऽसन।
सनर्भ
[संपादन करीं]- ↑ काराबॉलो, हेक्टर (मई २०१४). "Emergency Department Management Of Mosquito-Borne Illness: Malaria, Dengue, And West Nile Virus". Emergency Medicine Practice. 16 (5): 1–23, quiz 23–4. PMID 25207355.
![]() | ई लेख कौनों बेमारी, शरीर में खराबी, या मेडिकल कंडीशन की बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |