क्वोरा
Appearance
Screenshot | |
बिजनेस प्रकार | प्राइवेट कंपनी |
---|---|
साइट के प्रकार | सवाल-जबाब वेबसाइट |
भाषा | अंग्रेजी फ्रांसीसी जर्मन जापानी स्पेनिश |
स्थापित | जून 2009 |
मुख्यालय | माउंटेन व्यू, कैलिफोर्निया, अमेरिका |
सर्विस के इलाका | दुनियाभर |
संस्थापक | एडम डि'एंजेलो चार्ली शीवर |
प्रमुख लोग | एडम डि'एंजेलो (CEO) केली बैटल्स (CFO) |
वेबसाइट | quora |
अलेक्सा रैंक | 134 (बैस्विक) (जनवरी 2018 तक ले [update])[1] |
रजिस्ट्रेशन | बैकल्पिक/जरूरी, बेनाम रूप से लिखल आ सवाल पूछल जा सकत बा |
लॉन्च भइल | जून 21, 2010 |
वर्तमान स्थिति | चालू |
प्रोग्रामिंग भाषा | पाइथन, सी++[2] |
क्वोरा, क्वैरा, क्वेरा चाहे कोरा (अंग्रेजी: Quora), जेकरा के क्वोरा.कॉम, के नाँवों से जानल जाला, एगो वेबसाइट बा जहाँ एकरे प्रयोगकर्ता लोग द्वारा आपस में सवाल पूछल जाला, जबाव दिहल जाला, सवाल-जबाब के संपादन कइल जाला आ बेवस्थित कइल जाला। एकरा मालिकाई के अधिकार कोरा इंक. नाँव के कंपनी के लगे बा जेकर हेडक्वार्टर कैलिफोर्निया के माउंटेन व्यू में बाटे। कंपनी के अस्थापना साल 2009 में भइल आ 21 जून 2010 के एह वेबसाइट के आम पब्लिक के के उपलब्ध करा दिहल गइल।
ई एकतरह से रिफरेंस वेबसाइट नियर ऑनलाइन प्लेटफार्म हवे। आपसी सहजोग आ सहकार के एह पर सवाल-जबाब संपादित कइल जा सके लें आ जबाब पर अउरी सुझाव दिहल जा सके लें।
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ "Quora.com Site Info". अलेक्सा इंटरनेट. Archived from the original on 2013-09-08. Retrieved 2018-06-10.
- ↑ "Why did Quora choose C++ over C for its high performance services? - Quora". Quora. Retrieved February 12, 2011.
ई इंटरनेट-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
ई कॉर्पोरेशन भा कंपनी संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |