बिहार

भोजपुरी विकिपीडिया से
अहिजा जाईं: परिभ्रमण, खोजीं
बिहार

भारत के मानचित्र पर बिहार

भारतीय प्रान्त आ राजधानी
राजधानी पटना
सबसे बड़ शहर पटना
जनसंख्या
 - घनत्व /किमी²
क्षेत्रफल किमी² 
 - जिले
राजभाषा(एँ) हिन्दी
प्रतिष्ठा
 - राज्यपाल [[]]
 - मुख्य मन्त्री [[श्री नीतिश कुमार ]]
 - विधानसभा [[{{{विधानसभा}}}]]
आइएसओ संक्षेप [[आइएसओ 3166-2|]]

बिहार भारत के उत्तर के एक प्रान्त बा। बिहार जमीन के हिसाब से(३८२०२ वर्ग मीटर) भारत मे १२ वें राज्य बा अउर जनसंख्या के हिसाब से ३ वें राज्य बा। बिहार के ८५ प्रतिशत आबादी गाव में रहत बा। ५८ प्रतिशत बिहारी २५ साल के आयु से कम बा जोकी भारत में सबसे जादा समानता में बा। बिहार में भोजपुरी, बज्जिका, मगही, मैथिली अउर अंगिका भाषा बोलल जात बा।

सामग्री

[सम्पादन] भूगोल

बिहार पश्चिम बंगाल अउर उत्तर प्रदेश के बीच में पडत बा जेकर वजह से एकरा जलवायु,अर्थशास्त्र अउर संस्कृति में अच्छा स्थान मिलल बा। बिहार के उत्तर दिशा में नेपाल देश और दक्षिण में झारखनद् रहल बा। बिहार के समतल क्षेत्र दो हिस्सा में बट्ट्ल बा, जेकरा बीच से गन्गा नदी, पूरब से पश्चिम दिशा में बहत बा। बिहार मे जगल ६७६४.१४ वर्ग मीटर मे फैलल बा,जोकी पूरा भौगौलिक हिस्सा के ७.१ प्रतिशत बा।

[सम्पादन] भाषा

बिहार राज्य के अधिकृत सरकारी काम-काज के भाषा हिन्दी हवे औरी दूसरका सरकारी भाषा उर्दू ह, जेकर प्रयोग मुख्य रूप से पढ़े-पढ़ावे, कानूनी काम-काज इत्यादि में ही होला। बिहारी लोगन के आपस के काम-धाम आ बात-चीत के माध्यम मुख्य रूप से भोजपुरी- मुख्य रूप से गोपालगंज, सीवान, छपरा, मोतिहारी, बेतिया, भोजपुर, रोहतास, बक्सर,आरा, भभुआ जिला में, मैथिली-सीतामढ़ी, दरभंगा, मधुबनी, सहरसा, समस्तीपुर, बेगुसराय, मधेपुरा, सुपौल, शिवहर, खगड़िया, मुंगेर, बाँका इत्यादि), अंगिका, मगही, वज्जिका इत्यादि हवे।

[सम्पादन] इतिहास

बिहार के महातम ना केवल अभिए बल्कि बहुत पहिले से बा। प्राचीन भारत में लगभग ४७५ ई. तक यानि गुप्त वंश तक जेतना भी राजा भईलन उनकर बिहारे एगो राज्य रहल औरी जवन अपना ओर सभेके लुभवलस। एकर प्रमाण उ लोग के राजधानी से लगावल जा सकेला। पुरनका बिहार जेकरा में अंग (पूरबी बिहार), बिदेह (उत्तर बिहार), मगध (दखिन बिहार) अउर वैशाली/लिच्छवी (उत्तर बिहार) शामिल रहे, उ पुरनका भारत में शक्ति, ज्ञान अउर संस्कृति के केंद्र रहल। मगध से भारत के पहिलका सबसे महान साम्राज्य उभरल, जेकरा के सभे मौर्य साम्राज्य के नाम से जानत बा, उ संसार के वोह साम्राज्यन में रहे, जवन कि धरम का पालन करत रहे। मगध साम्राज्य पूरा दखिनी एशिया को एक राज के अन्दर कईले रहे। एह काम में मौर्य साम्राज्य के अलावे गुप्त राजवंश के भी खूबे योगदान रहे। बिहार जेकर राजधानी पटना ह, ओकरा के पाटलिपुत्र, कुसुमपुर नाम से भी जानल जाला, जवन कि भारतीय सभ्यता के बहुत खास केंद्र रहे के प्रसिद्धि हासिल कईले बा। एही क्रम में शिक्षा के महत्त्वपूर्ण केंद्र नालंदा विश्वविद्यालय के स्थान भी ना केवल भारत में ही अपितु पूरा विश्व में प्रसिद्ध बा।

[सम्पादन] बिहार के जिला

बिहार में 38 गो जिला आ 9गो प्रमंडल बा:

बिहारके प्रमण्डलजिला
पटना प्रमंडल : पटना जिला | नालंदा जिला | भोजपुर जिला | रोहतास जिला | कैमुर जिला | बक्सर जिला
तिरहुत प्रमंडल: मुजफ्फरपुर जिला | पश्चिम चंपारण जिला | पूर्वी चंपारण जिला | सीतामढी जिला | शिवहर जिला | वैशाली जिला
दरभंगा प्रमंडल: दरभंगा जिला | मधुबनी जिला | समस्तीपुर जिला
कोशी प्रमंडल: सहरसा जिला | मधेपुरा जिला | सुपौल जिला
पूर्णिया प्रमंडल: पूर्णिया जिला | कटिहार जिला | अररिया जिला | किशनगंज जिला
भागलपुर प्रमंडल: भागलपुर जिला | बाँका जिला
मुंगेर प्रमंडल: मुंगेर जिला | बेगूसराय जिला | जमुई जिला | खगडिया जिला | लखीसराय जिला | शेखपुरा जिला
मगध प्रमंडल: गया जिला | नवादा जिला | औरंगाबाद जिला | जहानाबाद जिला | अरवल जिला |
सारण प्रमंडल: सारण जिला | सिवान जिला | गोपालगंज जिला
ब्यक्तिगत औजार

Variants
Actions
परिभ्रमण
विविध
भारतीय विकिपीडिया
औजार-पेटी
अन्य भाषा में