पटना

विकिपीडिया से
पटना
𑂣𑂗𑂢𑂰
ऊपर ले घड़ी के उलटा दिशा मे: दक्खीन-पक्खिम गांधी मैदान मार्ग, बुद्ध स्मृति पार्क के स्तूप,बिस्कोमान भवन, पटना संग्रहालय, गांधीजी के मूर्ति, गांधी मैदान, मीठापुर पुल आ गंगा नदी
ऊपर ले घड़ी के उलटा दिशा मे: दक्खीन-पक्खिम गांधी मैदान मार्ग, बुद्ध स्मृति पार्क के स्तूप,बिस्कोमान भवन, पटना संग्रहालय, गांधीजी के मूर्ति, गांधी मैदान, मीठापुर पुल आ गंगा नदी
देस भारत
राज्यबिहार
क्षेत्रमगध
प्रमंडलपटना
जिलापटना
वार्ड72 वार्ड
Founded byअजातशत्रु
Area
(2001) [A 1]
 • Urban
135.79 किमी2 (52.43 बर्ग मील)
 • Metro
234.70 किमी2 (90.62 बर्ग मील)
 • City99.45 किमी2 (38.40 बर्ग मील)
Elevation53 m (174 ft)
Population
 (2011)[5]
 • Density16,925/किमी2 (43,840/बर्ग मील)
 • Urban
2,046,652 (IN: 18th)
 • Metro
2,231,554 [A 1]
 • City
1,683,200 (IN: 19th)
DemonymPatnaite
भाषा
 • Spokenभोजपुरी, अंग्रेजी, हिंदी, मगही[6]
Time zoneUTC+5:30 (IST)
पिनकोड
800 XXX
Vehicle registrationBR 01
Sex ratio1.13[5] /
Literacy84.71%
Lok Sabha constituenciesPatna Sahib and Pataliputra
Vidhan Sabha constituenciesDigha (181), Bankipur (182), Kumhrar (183), Patna Sahib (184), Fatuha (185), Danapur (186), Maner (187), Phulwari-SC (188), Masaurhi (189), Paliganj (190)
जलवायुCwa (कोपेन)
बरखा1,100 मिलीमीटर (43 इंच)
औसत सालाना तापमान26 °C (79 °F)
औसत गर्मी के तापमान30 °C (86 °F)
औसत जाड़ा के तापमान17 °C (63 °F)
Websitepatnanagarnigam.in
patna.bih.nic.in
  1. 1.0 1.1 The metropolis comprises PRDA area,[1] also includes Hajipur and Sonepur[नोट 1]

पटना (कैथी: 𑂣𑂗𑂢𑂰) भारत में बिहार प्रान्त क राजधानी ह। पटना क प्राचीन नाँव पाटलिपुत्र रहे। आधुनिक पटना दुनिया की कुछ अइसन गिनल-चुनल प्रचीन नगरन में से बा जेवन बहुत प्राचीन काल से आज ले आबाद बाड़ें। अपने आप में ए शहर क बहुत इतिहासी महत्व बाटे।

मेगस्थनीज (३५० ईपू-२९० ईपू) अपनी भारत भ्रमण की बाद लिखल पुस्तक इंडिका में ए नगर क उल्लेख पलिबोथ्रा (पाटलिपुत्र) की रूप में कइलें जेवन गंगा अउरी अरेन्नोवास (सोनभद्र-हिरण्यवाह) की संगम पर बसल रहे। ओ पुस्तक की आकलन की हिसाब से प्राचीन पटना (पलिबोथा) 9 मील (14.5 कि.मी.) लम्बा तथा 1.75 मील (2.8 कि.मी.) चौड़ा रहल होई।

आधुनिक पटना बिहार राज्य क राजधानी ह आ गंगा नदी की दक्षिणी किनारा पर अवस्थित बा। सोलह लाख (16,00,000) से अधिक आवादी वाला ई शहर, लगभग 15 कि.मी. लम्बा आ 7 कि.मी. चौड़ा बाटे।

प्राचीन बौद्ध आ जैन तीर्थस्थल वैशाली, राजगीर या राजगृह, नालन्दा, बोधगया अउरी पावापुरी पटना शहर की आसे-पास बाड़ें। पटना सिक्ख लोगन खातिर पवित्र अस्थान हवे। सिक्ख लोगन क 10वें आ अंतिम गुरु गुरू गोबिंद सिंह क जन्म एहिजा भइल रहे| हर बरिस देश-विदेश से लाखन गो सिक्ख श्रद्धालु पटना में हरमंदिर साहब क दर्शन करे आवेला लोग आ मत्था टेकेला लोग।

एतिहासिक आ प्रशासनिक महत्व की अलावा पटना शिक्षा आ चिकित्सा क भी प्रमुख केंद्र हवे। देवारिन से घिरल नगर क पुराना क्षेत्र, जेवना के पटना सिटी कहल जाला अगो प्रमुख वाणिज्यिक केन्द्र हवे।

पूर्वी भारत में कोलकाता की बाद पटना दूसर सबसे बड़ शहर ह। 2011 में 16 लाख से ज्यादा आबादी की साथ ही भारत क 19वां सबसे बड़ शहर रहे। एईजा पटना हाई कोर्ट आइल बा।

2009 में वर्ल्ड बैंक पटना के भारत में नया व्यवसाय कइले की मामला में­ दिल्ली की बाद एके नंबर 2 देले रहे।

ए शहर क नांव वक्त गुजरले की साथ बदल गइल। ई भारत क प्राचीन शहरन में से एगो ह, पटना की आधुनिक नांव की साथ कईगो किवंदती जुडल बा, जैसे की,

  • ई पाटन देवी जे हिन्दू लोगन क देवी कहाली की नांव पर से पड़ल बा।[7]
  • कई अदमी माने ला की पटना नांव एगो पाटली नांव की पेड़ की प्राजाति पर से पड़ल बा, इ पेड़ ए एतिहासिक शहर में ढेर देखे के मिलेला।
  • इ शहर एकरी 2000 साल की जीवंत इतिहास में कईगो नांव से जानल गइल जैसे की, पाटलीग्राम, पाटलीपुत्र, कुसुमापुरा, कुसुमध्वजा पुष्पापुरम, पद्मावती, अजीमाबाद और अब पटना।[8][9]

प्राचीन काल[संपादन करीं]

पटना क महत्व शोभा 490 ईपू[10][11] सामने आइल जब अजातशत्रु, जे मगध क राजा रहन, वैशाली की लिच्छवी समुदाय पर युद्ध में फायदा खातिर आपन राजधानी पहाड़ी राजगढ़ (अब राजगीर) से एगो रणनीतिक रूप से फायदा वाला जगह पर ले जईले क तय कईन। गौतम बुद्ध अपनी जीवन की आखिरी बरस में ए जगह पर यात्रा कइलें रहन ऐसन कहल जाला।

मौर्यकाल[संपादन करीं]

मेगास्थिनस एगो ग्रीक इतिहासकार जवन की चन्द्रगुप्त मौर्य की दरबार में राजदूत रहे, ए शहर क एगो प्राचीन विवरण दिहले बा। उ लिखेला की ई शहर गंगा आ सोनभद्र की संगम तट प बसल रहे, आ 14 किमी लम्बा आ 2.82 किमी चौड़ा रहे। मेगास्थिनस ए शहर के भारत की सफलतम समय में धरती क एगो महान शहर बतवले रहे। बाद में इ शहर शुंगा समुदाय की हाथ में गइल जे पाटलिपुत्र प 100 वरस ले राज कईने।

गुप्ता आ मुग़ल काल[संपादन करीं]

आगे की सालन में, कई शासक ए देश पर राज कईने जवने में गुप्ता और पाला राजा रहें। गुप्ता शासकन से अलग होखले की बाद पटना एगो अनिश्चित समय से गुजरल। बख्तियार खिलजी 12वीं सदी में बिहार प कब्ज़ा क लिहने और एइजा क कई कईगो प्राचीनतम शिक्षा केंद्र के तबाह क दिहने, नतीजतन पटना क राजनितिक और सांस्कृतिक केंद्र होखले क गर्व बिला गइल।

मध्यकाल में पठान सम्राट शेरशाह सूरी क राज इतिहास में यादगार मनाला, ए समय में पटना क ख़ूब विकास भइल।

ब्रिटिश काल[संपादन करीं]

17वीं सदी में पटना अन्तर्राष्ट्रीय व्यापार क केंद्र बन गइल रहे।1620 में अंग्रेज़ी ईस्ट इंडिया कम्पनी कैलिको और रेशम क व्यापार करे खातिर पटना में एगो कारखाना स्थापित कईलस। बहुत जल्द ई शोरा क व्यापार केंद्र बन गइल रहे।

1912 में बंगाल विभाजन की समय, पटना बिहार और उड़ीसा में ब्रिटीश राज क राजधानी बनल।

भारत क आजादी आन्दोलन[संपादन करीं]

आजादी आन्दोलन में पटना क लोग बहुत अधिक संख्या में भाग लिहलें। एमें सबसे ज्यादा स्मरणीय चम्पारण और 1942 भारत छोड़ो आन्दोलन रहल। ई शहर कईगो राष्टीय नेता दिहलस, जैसे की स्वामी सहजानंद सरस्वती, पहिला राष्ट्रपति डॉ. राजेन्द्रप्रसाद, लोकनायक जयप्रकाश नारायण वगैरह।

आजादी की बाद[संपादन करीं]

1947 में भारत की आजादी की बाद पटना बिहार क राजधानी बनल रहल, यहाँ तक की सन 2000 में झारखंड बिहार से अलग होके अलग राज्य बन गइल तबो भी।

शिक्षा[संपादन करीं]

पटना कॉलेज

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

नोट[संपादन करीं]

  1. Master plan for Patna (2031), awaits Cabinet's approval.[2] The draft master plan for Patna metropolitan area proposes that Patna Metropolitan Region would incorporate Bihta, Danapur, Khagaul, Daniyawan, Danaura, Fatuha, Khusrupur, Maner, Masaurhi, Naubatpur, Phulwari Sharif, Punpun and Sampatchak blocks of Patna district, areas of Vaishali and Saran districts are excluded.[3]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "CDP Patna". Infrastructure Professionals Enterprise (P) Ltd, C - 2, Green Park Extension, New Delhi – 110016, INDIA. PATNA — Urban Development Department. जुलाई 2006. pp. 20, 21 (area) 52 (metropolis), 31 (geography). Archived from the original (PDF) on 2019-01-06. Retrieved 13 अप्रैल 2014.
  2. "Home still a dream sans nod to map in Patna". Economics Times. 15 मई 2015. Retrieved 21 जून 2015.
  3. "Master Plan for Patna, 2031" (PDF). Center for Environmental Planning and Technology. Urban Development & Housing Department, Govt. of Bihar. 13 August 2015. Archived from the original (PDF) on 9 June 2016. Retrieved 21 जून 2015.
  4. "CPRS Patna About Us". CRPS. Archived from the original on 2019-01-09. Retrieved 1 जून 2014.
  5. 5.0 5.1 "Provisional Population Totals, Census of India 2011; Urban Agglomerations/Cities having population 1 lac and above" (PDF). Office of the Registrar General & Census Commissioner, India. Retrieved 26 मार्च 2012.
  6. "About District". Patna.bih.nic.in. 2004-01-01. Archived from the original on 2019-01-06. Retrieved 2013-12-04.
  7. "पाटन देवी". धर्म यूनिवर्स. Archived from the original on 2011-02-15.
  8. "पटना का इतिहास". नेशनल इन्फार्मेटिक्स सेंटर. गवर्नमेंट ऑफ़ बिहार. Archived from the original on 2011-04-13.
  9. "पटना की कहानी". फोस्सेन्दलीव.कॉम.
  10. "टकसाल हालत में इतिहास".
  11. "फॉरेन डिप्लोमेट्स लाइन अप फॉर बिहार इलेक्शंस".