हिमालय
हिमालय एगो पर्वत श्रृंखला ह जौन भारतीय उपमहाद्वीप के मध्य एशिया आ तिब्बत से अलग करेला। संसार के अधिकांश ऊँचाई वाला पर्वत चोटि हिमालये पर स्थित बा। विश्व के 100 सर्वोच्च शिखरन में हिमालय के अनेक चोटि बा। विश्व के सर्वोच्च शिखर सगरमाथा या माउंट एवरेस्ट हिमालये के एगो शिखर ह। अन्य पर्वतन के अपेक्षा ई काफी नया बा आ अभी भी विकसित हो रहल बा।
हिमालय में 100 से ज्यादा पहाड बा जौन 7200 मीटर में फैलल बा। ई सब पहाड़ 6गो देशवन के सीमा के छूएला । ई देश बाड़न: नेपाल, भारत, भूटान तिब्बत, अफगानिस्तान आ पाकिस्तान। हिमालय के कुछ प्रमुख नदियन में शामिल बाटे - सिंधु, गंगा, ब्रम्हपुत्र आ यांगतेज। हिमालय बिलकुल नया बा आ अभी बने के प्रक्रिया से ही गुजर रहल बा। हिमालय रेंज में 15 हजार से ज्यादा ग्लेशियर बा जौन 12 हजार वर्ग किलॊमीटर में फैलल बा।
ई लेख आपन प्रारम्भिक अवस्था में बा, यानि कि एगो आधार बा। रउवा ई के बढ़ा के विकिपीडिया के मदद कर सकत बानी।