शील्ड ज्वालामुखी
Appearance
शील्ड ज्वालामुखी (Shield volcano) एक किसिम के ज्वालामुखी होला जे कम गाढ़ लावा के जादे दूर तक के बिस्तार में फइल जाए के कारन बने ला। कहे के मतलब ई कि एह में ऊँचाई के तुलना में एकर बिस्तार जादे बड़ इलाका में होला आ ई अइसन आकृति बनावे ला जइसे कि लड़ाका लोग के ढाल जमीन पर रखल होखे; बीचा में उभार आ किनारे के ओर मद्धिम ढाल (स्लोप) वाला आकृति होखे। ढाल के अंग्रेजी में शील्ड कहल जाला जेकरे आधार पर ई नाँव पड़ल हवे।
हवाई दीप पर मौना किआ ज्वालामुखी अइसने शील्ड ज्वालामुखी हवे आ मंगल ग्रह पर मौजूद ओलिंपस मॉन्स जे सौर मंडल के सभसे ऊँच परबत हवे, एही किसिम के ज्वालामुखी परबत हवे।
संदर्भ
[संपादन करीं]ई भूआकृति बिज्ञान-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |