Jump to content

जलजोड़

विकिपीडिया से
जिब्राल्टर जलजोड़

जलजोड़, जलसंधि चाहे जलडमरू (अंग्रेजी: strait, स्ट्रेट [1]) अइसन भूगोलीय थलरूप हवे जे दू गो सागर भा सागर नियर बड़हन जलभंडार सभ के आपस में जोड़े ला। ई पानी वाला सकेत (narrow) हिस्सा होला जेकरे दुनों ओर बड़हन सागर भा झील होखे लें आ उनहन के पानी एह सकेत हिस्सा द्वारा जुड़ल रहे ला।

उदाहरण खातिर प्रशांत महासागरआर्कटिक महासागर के जोड़े वाला पातर पानी के हिस्सा बेरिंग जलजोड़ हवे जे अमेरिकारूस के बीचा में बाटे, उत्तर अमेरिका आ एशिया महादीप के अलग करे ला। एही तरीका से अटलांटिक महासागरभूमध्य सागर के जोड़े वाला जिब्राल्टर जलजोड़ परसिद्ध अइसन थलरूप बा जे अफिरका आ यूरोप महादीप के अलग करे ला।

जलजोड़ सभ रणनीतिक हिसाब से बहुत महत्व वाला होलें।

कुछ प्रमुख जलजोड़

[संपादन करीं]
  1. Society, National Geographic (3 अक्टूबर 2011). "strait". National Geographic Society (अंग्रेजी में). Retrieved 25 फरवरी 2022.