Microformats |
| Status | Published |
|---|
| Year started | 2005 |
|---|
| Latest version | Microformats2 मई 2010; 15 years ago (2010-05) |
|---|
| Related standards | Resource Description Framework, RDF Schema, Web Ontology Language |
|---|
| Domain | Semantic Web |
|---|
| Abbreviation | μF |
|---|
| Website | microformats.org |
|---|
माइक्रोफार्मेट चाहे माइक्रोफॉरमेट (Microformat; उच्चारण: माइक्रोफॉरमैट; कभी कभार छोट रूप में μF लिखल जाला) परिभाषित एचटीएमएल क्लास सभके सेट होखे लें जे एचटीएमएल एलीमेंट सभ के के बारे में बिबरन वाला आ कंसिस्टेंट मेटाडेटा के रूप में काम करे लें। इनहन के काम एलिमेंट सभ के ओह लच्छन के बारे में बतावल होला की एलिमेंट कवना प्रकार के डेटा बा (जइसे की: कान्टैक्ट जानकारी, भूगोलीय लोकेशन, इवेंट, ब्लॉग पोस्ट, रेसिपी वगैरह)।[1] एह तरीका से ई सॉफ्टवेयर सभ के कौनों जानकारी के प्रासेस करे में सहायक होलें काहें से कि सॉफ्टवेयर के पता चल जाला कि कवना किसिम के डेटा बाटे, नाहीं त अटरेंडम मान के पहिले सॉफ्टवेयर के खुदे चीन्हे के परित। माइक्रोफारमेट सभ के पैदाइश 2005 के आसपास भइल आ ई प्राथमिक रूप से सर्च इंजन आ आरएसएस नियर समाचार एकट्ठा करे वाला सर्विस सभ खातिर डिजाइन कइल गइल रहलें।[2]