आरएसएस

विकिपीडिया से

आरएसएस, पूरा नाँव — राष्ट्रीय स्वयंसेवक संघ, एगो भारतीय अति-दक्खिनपंथी, हिंदू राष्ट्रवादी, स्वयंसेवी (वालंटियर) पैरामलेटरी संगठन हवे। ई संघ परिवार नाँव के संगठन सभ के एगो बड़हन निकाय के पूर्वज आ अगुआ हवे जे भारतीय समाज के हर पहलू में मौजूदगी बिकसित कइ लिहले बा आ एह में प्रधानता से आज्काल्ह के सत्ताधारी राजनीतिक दल भारतीय जनता पार्टीयो सामिल बा जेकर नेता भारत के वर्तमान परधानमंत्री नरेंद्र मोदी बाड़ें। संघ के वर्तमान सरसंघचालक मोहन भागवत बाड़ें।