Jump to content

आरएसएस

विकिपीडिया से

आरएसएस, पूरा नाँव — राष्ट्रीय स्वयंसेवक संघ, एगो भारतीय अति-दक्खिनपंथी, हिंदू राष्ट्रवादी, स्वयंसेवी (वालंटियर) पैरामलेटरी संगठन हवे। ई संघ परिवार नाँव के संगठन सभ के एगो बड़हन निकाय के पूर्वज आ अगुआ हवे जे भारतीय समाज के हर पहलू में मौजूदगी बिकसित कइ लिहले बा आ एह में प्रधानता से आज्काल्ह के सत्ताधारी राजनीतिक दल भारतीय जनता पार्टीयो सामिल बा जेकर नेता भारत के वर्तमान परधानमंत्री नरेंद्र मोदी बाड़ें। संघ के वर्तमान सरसंघचालक मोहन भागवत बाड़ें।

27 सितंबर 1925 के स्थापन भइल, संगठन के शुरुआती उद्देश्य रहे कि चरित्र–निर्माण के प्रशिक्षण देहल जाव आ “हिंदू अनुशासन” बसावल जाव, ताकि हिंदू समाज एकजुट हो सके आ “हिंदू राष्ट्र” के स्थापना हो सके।

एह संगठन के मकसद हिंदुत्व के विचारधारा फैलावे, हिंदू समाज के “मजबूत” करे, आ भारतीय संस्कृति आ ओकर “सभ्यतागत मूल्य” के बचावे–निभावे के आदर्श बढ़ावे से जुड़ल बा।[1][2] दूसरा ओर, RSS के बारे में एहो कहल जाला कि ई संगठन “हिंदू सर्वोच्चता के आधार” पर बसावल गइल।[3] संगठन पर अल्पसंख्यक, खास कर के मुसलमानन, के प्रति असहिष्णुता (intolerance) के आरोपो लगावल गइल बा।[4]

  1. Jaffrelot, Christophe (2010). Religion, Caste, and Politics in India (अंग्रेजी में). Primus Books. p. 46. ISBN 9789380607047.
  2. Dina Nath Mishra (1980). RSS: Myth and Reality. Vikas Publishing House. p. 24. ISBN 978-0706910209.
  3. Singh, Amit (31 October 2022). "Hindutva fascism threatens the world's largest democracy". The Loop. Retrieved 9 September 2023.
  4. Ellis-Petersen, Hannah (20 September 2022). "What is Hindu nationalism and how does it relate to trouble in Leicester?". The Guardian. Retrieved 9 September 2023.