2022 के एशिया कप

विकिपीडिया से

2022 के एशिया कप (प्रायोजकता के चलते एकरा के डीपी वर्ल्ड एशिया कपो कहल जाला) एशिया कप क्रिकेट टूर्नामेंट के 15वाँ संस्करण हवे, जेकर मैच सभ अगस्त आ सितंबर 2022 मे यूनाइटेड अरब अमीरात मे टी-20 अंतराष्ट्रीय (T20Is) के रूप मे खेलल गइल। सितंबर 2020 मे होखे वाला ई टूर्नामेंट जुलाई 2020 मे कोविड-19 महामारी के चलते टार दिहल गइल। एकरे बाद एकरा के जून 2021 मे श्रीलंका मे करवावे बदे फेर से तय कइल गइल, एकरे बाद एकरा के फेर टार दिहल गइल। पाकिस्तान के 2022 के संस्करण के मेजबानी करे के अधिकार बरकरार रखला के बाद एह टूर्नामेंट के मेजबानी करे के रहे। अक्टूबर 2021 मे एशियाई क्रिकेट काउंसिल (ACC) घोषणा कइलस जे श्रीलंका एह टूर्नामेंट के मेजबानी 2022 मे करी, पाकिस्तान 2023 के संस्करण के मेजबानी करी। भारत पिछलका संस्करन के बिजेता हऽ।