Jump to content

होमर

विकिपीडिया से
होमर
हेलेनिस्टिक काल के एगो आदर्शीकृत चित्रण। ब्रिटिश म्यूजियम
Born
स्यूडो-हेरोडोटस के अनुसार मेलीसिजेनेस

लगभग ईसा पूर्व 8वीं सदी, हेरोडोटस के अनुसार
Died
Cause of death
नामालुम बेमारी
Notable workइलियड, ओडिसी, होमेरिक स्तुतिगान, महाकाव्य चक्र, अन्य होमेरिका
जुगज्यामितीय काल
इलाकाएजियन सागर के तट आ दीप
मुख्य इन्ट्रेस्ट
घूम-घूम के मौखिक काव्य के रचना आ प्रस्तुति, रैप्सोड लोग खातिर किओस में होमेरिदाई के एगो इस्कूल चलावल

होमर (प्राचीन ग्रीक: Ὅμηρος [hómɛːros], Hómēros) के इलियाडओडिसी के रचनिहार की रूप में जानल जाला। उनुका के प्राचीन यूनान में की सभसे महान महाकाव्य लेखकन में मानल जाला आ ऊ यूरोप की पहिला साहित्य के लेखक होखला की कारन बहुत महत्व वाला कवि बन जालें आ यूरोपीय लोग उनुका के एही बदे बहुत महत्व देला।

होमर कहाँ पैदा भइलें आ कहाँ निवास रहे आ कब रहलें ई सब बहुत ठिक से मालुम नइखे बाकी हेरोडोटस के ई अनुमान रहे की होमर उनुका ले 400 बरिस पहिले रहलें ए हिसाब से होमर के समय 850 ईसा पूर्व होखे के चाहीं।[1]

होमर के मानल जाये वाली रचना सभ

[संपादन करीं]

आज "होमर" के नाँव मुख्य रूप से खाली इलियडओडिसी से जोड़ल जाला। हालाँकि, पुराना समय में कई ठे अउरी रचना सभ के भी होमर के रचल मानल जात रहे। एह में होमेरिक भजन, होमर आ हेसियड के कंपटीशन, कई गो एपिग्राम, लिटिल इलियड, नोस्टोई, थीबाइड, साइप्रिया, एपिगोनी, हास्यप्रधान लघु महाकाव्य बेट्राकोमायोमाखिया ("मेंढ़क आ मूस के जुद्ध"), मार्जाइट्स, कैप्चर ऑफ ओइखालिया आ फोकाइस शामिल रहलें।

आज ई दावा सभ के प्रामाणिक ना मानल जाला, आ प्राचीन यूनानी दुनिया में भी एह पर सभे के सहमति ना रहे। होमर के जीवन से जुड़ल अनेक कथा-कहानी नियर, ई दावा सभ भी मुख्य रूप से एह बात के ओर इशारा करेला कि प्राचीन यूनानी संस्कृति में होमर के स्थान बहुते महत्वपूर्ण रहे।[2][3][4]

  1. हेरोडोटस 2.53.
  2. Lua error in Module:Harvc at line 22: attempt to call local 'whitelist_check' (a nil value). doi:10.1002/9781444350302.wbhe0606
  3. Graziosi, Barbara; Haubold, Johannes (2005). Homer: The Resonance of Epic. A & C Black. pp. 24–26. ISBN 978-0-7156-3282-6.
  4. Graziosi 2002, pp. 165–168.