हिल्डेगार्ड ऑफ बिन्जेन
हिल्डेगार्ड ऑफ बिन्जेन | |
---|---|
Doctor of the Church, Sibyl of the Rhine | |
Born | 1098 Bermersheim vor der Höhe, County Palatine of the Rhine, Holy Roman Empire |
Died | 17 सितंबर 1179 Bingen am Rhein, County Palatine of the Rhine, Holy Roman Empire | (उमिर 81)
Venerated in | रोमन कैथोलिक चर्च (Order of St. Benedict) एग्लिकन कम्यून लूथरवाद |
Beatified | 26 अगस्त 1326 (confirmation of cultus) by पोप जॉन XXII |
Canonized | 10 मई 2012 (equivalent canonization), वेटिकन सिटी by पोप बेनेडिक्ट XVI |
Major shrine | Eibingen Abbey जर्मनी |
Feast | 17 सितंबर |
हिल्डेगार्ड ऑफ बिन्जेन (अंग्रेजी: Hildegard of Bingen; जर्मन: Hildegard von Bingen; 1098 – 17 सितंबर 1179), जिनका के संत हिल्डेगार्ड आ सिबिल ऑफ दि राइन के नाँव से भी जानल जाला, एगो जर्मन लेखिका, दार्शनिक, संगीतकार, रहस्यवादी, विज़नरी आ बहुबिद्याबिद रहली।[1][2] ई जर्मनी में प्राकृतिक इतिहास (नैचुरल हिस्ट्री) के संस्थापक मानल जाली।[3]
इनके साथी नन लोग इनका के 1136 में मैजिस्ट्रा (magistra) चुनल; ई रूपर्टबर्ग आ एइबिन्जेन के मोनेस्ट्री सभ के अस्थापना क्रम से 1150 आ 1165 में कइली। संगीतकार के रूप में इनके रचना ऑर्डो वर्च्यूतम (Ordo Virtutum), एकदम से सुरुआती दौर के लिटर्जिकल ड्रामा आ सभसे पुरान (अबतक ले बचल) नैतिकता के उपदेस देवे वाला नाटक मानल जाला।[4] ई धर्मशास्त्र, बनस्पति बिज्ञान, बैदकी वगैरह संबंधी लेखन के काम कइली आ चिट्ठी-पतरी लिखे के काम भी कइली,[2] गीत आ कबिता लिखली।[5] इनका के एगो बनावटी भाषा Lingua Ignota (लिंगुआ इग्नोटा) के आबिस्कार करे के श्रेय भी दिहल जाला।
इनके संत के रूप में स्वीकृति के इतिहास कुछ जटिल बा, हालाँकि, इनका के कई सदी ले रोमन कैथोलिक चर्च कई शाखा सभ द्वारा संत के दर्जा दिहल गइल ब्यक्ति के रूप में मानल गइल। 7 अक्टूबर 2012 के, सोरहवाँ पोप बेनेडिक्ट इनका के डॉक्टर ऑफ दि चर्च के नाँव दिहलें।
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ Bennett, Judith M. and Hollister, Warren C. Medieval Europe: A Short History (New York: McGraw-Hill, 2001), p. 317.
- ↑ 2.0 2.1 "Women of Historic Note". Washington Post, By Gayle Worl March 9, 1997
- ↑ Jöckle, Clemens (2003). Encyclopedia of Saints. Konecky & Konecky. p. 204.
- ↑ Some writers have speculated a distant origin for opera in this piece, though without any evidence. See: [1]; alt Opera, see Florentine Camerata in the province of Milan, Italy. [2] and [3] Archived 2016-06-12 at the Wayback Machine
- ↑ Caviness, Madeline. "Artist: 'To See, Hear, and Know All at Once'", in Voice of the Living Light: Hildegard of Bingen and Her World, ed. Barbara Newman (Berkeley: University of California Press, 1998), pp. 110–24; Nathaniel M. Campbell, "Imago expandit splendorem suum: Hildegard of Bingen's Visio-Theological Designs in the Rupertsberg Scivias Manuscript," Eikón / Imago 4 (2013, Vol. 2, No. 2), pp. 1–68, accessible online here Archived 2014-07-16 at the Wayback Machine.
ई जीवनी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
ई लेख एगो दार्शनिक की बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |