हरदेव बाहरी

विकिपीडिया से

हरदेव बाहरी (1907—2000) एगो भारतीय भाषाविद, साहित्य समीक्षक आ शब्दकोशकार रहलें, हिंदी, पंजाबी आ अउरी संबंधित भारत-आर्य भाषा सभ में काम खातिर इनका के बिसेस रूप से जानल-मानल जाला। प्रकाशक राजपाल एंड सन्स के सहयोग से सामान्य आ तकनीकी दुनो मकसद खातिर कई ठे एकभाषी आ द्विभाषी शब्दकोशन के संकलन कइलन।[1]

जिनगी[संपादन करीं]

बाहरी के जनम 1 जनवरी 1907 के पंजाब के अटक के लगे तालागंग[2] में भइल जे तब ब्रिटिश राज के हिस्सा रहल, अब ई जगह पाकिस्तान में बाटे।

उ पंजाब विश्वविद्यालय से पीएचडी के डिग्री हासिल कइलन। भारत के बंटवारा के वजह से उ उत्तर प्रदेश के इलाहाबाद आ गइलन आ इलाहाबाद विश्वविद्यालय में हिंदी विभाग में प्रोफेसर बन गइलन, जहाँ 1959 में उ अपना मौलिक कृति हिंदी सिमेंटिक्स खातिर डॉक्टर ऑफ लेटर्स (डीलिट) के डिग्री हासिल कइलन। ऊ दू दशक से अधिका समय ले प्रोफ़ेसर के पद पर रहलें, सैद्धांतिक आ अप्लाइड भाषा बिज्ञान दुनों में अकादमिक शोध के साथे-साथ साहित्य आलोचना भी कइलें।[1]

इनके निधन 31 मार्च 2000 के भइल।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. 1.0 1.1 Amaresh Datta (1987). Encyclopaedia of Indian Literature: A-Devo. Sahitya Akademi. p. 325. ISBN 978-81-260-1803-1. Retrieved 17 October 2020.
  2. साहित्य अकादमी, ed. (1961). Who's Who Of Indian Writers. Dalcassian Publishing Company. p. 21.