हर

विकिपीडिया से
बैल से हर जोत रहल आदमी
भारत के कर्नाटक राज्य के मैसुरु इलाका में हर जोत रहल एगो किसान
हर जोतत ट्रैक्टर
आधुनिक जमाना के ट्रैक्टर वाला हर जोतल

हर (अंग्रेजी: plough, हिंदी: हल) खेती मे कामे आवे वला एगो औजार हटे, जेकरा से बोआई से पहिले खेत के माटी के जोतल जाला। हर अइसे त घोड़ा भा बैल घींचत रहऽ सन, बाकिर आज-काल ई काम ट्रैक्टर से होखे लागल बाटे।

हर, ऊपर के माटी के पलट देला, जेह से नीचे से उपजाऊ माटी ऊपर आ जाला। खेत जोतला के बाद ओकर माटी के सुखे के छोड़ दिआला, फेन ओह मे रोपाइ करे से पहिले, ओकरा बराबर करे बदे हेंगावल जाला।

नाँव[संपादन करीं]

पुरान आ खिआइल हर के, खिनौरी भा खुटहरा कहल जाला, आ नाया हर के नवघर भा नवठा कहल जाला।[1]

भाग[संपादन करीं]

हर मे हई सभ चीझ होला:

  1. हरिस
  2. हर
  3. परिहथ
  4. खेड़ा
  5. टोर
  6. फार
  7. पाट
  8. बराइन
  9. करुआरा
  10. पालो

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Grierson, G.A. (1885). Bihar Peasant Life. London: The Bengal Secretariat Press. p. 1.