स्वरा भास्कर
स्वरा भास्कर | |
---|---|
Born | स्वरा भास्कर चित्रपु 9 अप्रैल 1988 दिल्ली, भारत |
Nationality | भारतीय |
Alma mater | मिरांडा हाउस (दिल्ली युनिवर्सिटी) जेएनयू |
Occupation | ऐक्ट्रेस |
Years active | 2009–अबतक |
Spouse | फ़हद अहमद (बि. 2023) |
Parent | उदय भास्कर (बाबूजी) |
स्वरा भास्कर चित्रपु (जनम 9 अप्रैल 1988) एगो भारतीय फिलिम ऐक्ट्रेस बाड़ी, इनका के हिंदी सिनेमा में काम करे खातिर जानल जाला।[1] मेनस्ट्रीम सिनेमा में ई सपोर्टिंग रोल करे खातिर जानल जाली आ एकरे अलावा कई गो स्वतंत्र फिलिम सभ में भी लीड रोल क चुकल बाड़ी। इनका के दू गो स्क्रीन अवार्ड मिलल बाने आ कुल तीन बेर फिल्मफेयर खाती इनके नामांकन भ चुकल बा।
स्वरा भास्कर एगो नेवी के अफसर चित्रपु उदय भास्कर के बिटिया हई आ इनके पैदाइश आ लालन-पालन दिल्ली में भइल हवे। ओहिजे से ई, दिल्ली युनिवर्सिटी से अंग्रेजी में ग्रेजुएशन कइली आ ओकरे बाद जेएनयू में एमए में एडमिशन लिहली।
भास्कर के पहिली फिलिम 2009 में रिलीज भइल माधूलाल कीप वाकिंग रहल जेह में ई सपोर्टिंग रोल में रहली, बाकी फिलिम कमाई के हिसाब से सफल ना रहल। भास्कर के ब्यापक पहिचान मिलल जब ई तनु वेड्स मनु (2011) में दुलहिन तनु (कंगना रानाउत) के सहेली के रोल कइली। इनके परफार्मेंस के फिलिम समालोचक लोग के भी सराहना मिलल आ एह फिलिम में बेस्ट सपोर्टिंग ऐक्ट्रेस कटेगरी में इनके फिल्मफेयर नामांकन हासिल भइल।
फिल्मोग्राफी
[संपादन करीं]चिन्हित करत बा कि फिलिम अभिन ले रिलीज नइखे भइल |
साल | टाइटिल | रोल | टिप्पणी |
---|---|---|---|
2009 | Madholal Keep Walking | Sudha M. Dubey | |
2010 | गुजारिश | Radhika Talwar | |
The Untitled Kartik Krishnan Project | Swara Bhaskar / Maya | ||
2011 | Tanu Weds Manu | Payal Sinha Singh | |
Chillar Party | Battle Hour Anchor | ||
2013 | Listen... Amaya | Amaya Krishnamoorthy | |
औरंगजेब | Suman | ||
Raanjhanaa | Bindiya | ||
Sabki Bajegi Band | Jaya | ||
2014 | Machhli Jal Ki Rani Hai | Ayesha Saxena | |
2015 | Tanu Weds Manu Returns | Payal Sinha Singh | |
Prem Ratan Dhan Payo | Rajkumari Chandrika | ||
X: Past Is Present | Aunty | ||
2016 | Nil Battey Sannata | Chanda Sahay | |
2017 | Anaarkali of Aarah | Anarkali | |
2018 | वीरे दी वेडिंग | साक्षी सोनी |
संदर्भ
[संपादन करीं]बाहरी कड़ी
[संपादन करीं]विकिमीडिया कॉमंस पर संबंधित मीडिया Swara Bhaskar पर मौजूद बा। |
- ऑफिशियल वेबसाइट
- स्वरा भास्कर - इंटरनेट मूवी डेटाबेस (IMDb) पर।
ई लेख कौनों एक्टर/एक्ट्रेस के बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |