स्वरा भास्कर

विकिपीडिया से
स्वरा भास्कर
2017 में स्वरा भास्कर
जनमस्वरा भास्कर चित्रपु
(1988-04-09) 9 अप्रैल 1988 (उमिर 35)
दिल्ली, भारत
राष्ट्रीयताभारतीय
महतारी संस्थामिरांडा हाउस (दिल्ली युनिवर्सिटी)
जेएनयू
पेशाऐक्ट्रेस
सक्रियता साल2009–अबतक
जीवनसाथी
फ़हद अहमद (बि. 2023)
माईबापउदय भास्कर (बाबूजी)

स्वरा भास्कर चित्रपु (जनम 9 अप्रैल 1988) एगो भारतीय फिलिम ऐक्ट्रेस बाड़ी, इनका के हिंदी सिनेमा में काम करे खातिर जानल जाला।[1] मेनस्ट्रीम सिनेमा में ई सपोर्टिंग रोल करे खातिर जानल जाली आ एकरे अलावा कई गो स्वतंत्र फिलिम सभ में भी लीड रोल क चुकल बाड़ी। इनका के दू गो स्क्रीन अवार्ड मिलल बाने आ कुल तीन बेर फिल्मफेयर खाती इनके नामांकन भ चुकल बा।

स्वरा भास्कर एगो नेवी के अफसर चित्रपु उदय भास्कर के बिटिया हई आ इनके पैदाइश आ लालन-पालन दिल्ली में भइल हवे। ओहिजे से ई, दिल्ली युनिवर्सिटी से अंग्रेजी में ग्रेजुएशन कइली आ ओकरे बाद जेएनयू में एमए में एडमिशन लिहली।

भास्कर के पहिली फिलिम 2009 में रिलीज भइल माधूलाल कीप वाकिंग रहल जेह में ई सपोर्टिंग रोल में रहली, बाकी फिलिम कमाई के हिसाब से सफल ना रहल। भास्कर के ब्यापक पहिचान मिलल जब ई तनु वेड्स मनु (2011) में दुलहिन तनु (कंगना रानाउत) के सहेली के रोल कइली। इनके परफार्मेंस के फिलिम समालोचक लोग के भी सराहना मिलल आ एह फिलिम में बेस्ट सपोर्टिंग ऐक्ट्रेस कटेगरी में इनके फिल्मफेयर नामांकन हासिल भइल।

फिल्मोग्राफी[संपादन करीं]

संकेत
चिन्हित करत बा कि फिलिम अभिन ले रिलीज नइखे भइल चिन्हित करत बा कि फिलिम अभिन ले रिलीज नइखे भइल
साल टाइटिल रोल टिप्पणी
2009 Madholal Keep Walking Sudha M. Dubey
2010 गुजारिश Radhika Talwar
The Untitled Kartik Krishnan Project Swara Bhaskar / Maya
2011 Tanu Weds Manu Payal Sinha Singh
Chillar Party Battle Hour Anchor
2013 Listen... Amaya Amaya Krishnamoorthy
औरंगजेब Suman
Raanjhanaa Bindiya
Sabki Bajegi Band Jaya
2014 Machhli Jal Ki Rani Hai Ayesha Saxena
2015 Tanu Weds Manu Returns Payal Sinha Singh
Prem Ratan Dhan Payo Rajkumari Chandrika
X: Past Is Present Aunty
2016 Nil Battey Sannata Chanda Sahay
2017 Anaarkali of Aarah Anarkali
2018 वीरे दी वेडिंग साक्षी सोनी

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "Swara Bhasker: It is empowering to have a film about four girls, without any dark mudda".

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]