Jump to content

अंतरिक्ष दूरबीन

विकिपीडिया से
(स्पेस टेलिस्कोप से अनुप्रेषित)
हबल दूरबीन
हबल अंतरिक्ष दूरबीन एगो अइसने दूरबीन हवे।

अंतरिक्ष दूरबीन (स्पेस टेलिस्कोप) अइसन दूरबीन होला जे ब्रह्मांड के गैलेक्सी, तारा आ हमनी के सौरमंडल के बाकी ग्रह सभ के अध्ययन करे खातिर अंतरिक्ष (आउटर स्पेस) में तैनात कइल गइल होला। ई एक तरह से उपग्रहे होखे ला बाकिर एकर काम पृथ्वी के निहारल चाहे पृथ्वी के अध्ययन कइल ना होला बलुक ई बाहरी चीज सभ के देखे के कामे आवे ला। अइसन जोगाड़ बनावे के सभसे प्रमुख कारण ई बा की ई दूरबीन सभ पृथ्वी के वायुमंडल के परभाव से मुक्त होखे लीं। मतलब ई कि कई किसिम के इलेक्ट्रोमैग्नेटिक रेडियेशन (अल्ट्रा-वायलेट, एक्स-रे वगैरह) पृथिवी के वायुमंडल द्वारा सोख लिहल जालीं जबकि वायुमंडल से बाहर दूरबीन लगा देवे पर इनहन के बढ़ियाँ से रिकार्ड कइल जा सके ला।