स्टीवन स्पीलबर्ग

विकिपीडिया से
स्टीवन एलन स्पीलबर्ग 2017

स्टीवन एलन स्पीलबर्ग (Steven Allan Spielberg; जनम 18 दिसंबर 1946) एगो अमेरिकी फिलिमकार बाने। इनके नया हॉलीवुड जुग के संस्थापक लोग में गिनल जाला आ ई दुनियाँ के सभसे जानल-मानल फिलिम डाइरेक्टर आ प्रोड्यूसर लोग में से एक हवें। ई ड्रीमवर्क्स स्टूडियो के संस्थापक सदस्य लोग में से भी हवें।

स्पीलबर्ग के जन्म सिनसिनाटी, ओहायो में भइल रहे आ ई फीनिक्स, एरिजोना में बड़ भइलें। बाद में ई कैलिफोर्निया आ गइलें आ फिल्म कॉलेज में पढाई कइलें। कुछ टीवी एपिसोड डाइरेक्ट करे के बाद, जिनहन में नाइट गैलरीकोलंबो शामिल रहलें, इनके द्वारा टेलीविजन फिलिम डुएल (1971) डाइरेक्ट कइल गइल जे आलोचक आ दर्शक लोगन से बढ़ियां रिस्पांस पवलस। एकरे बाद स्पीलबर्ग आपन डाइरेक्शन डेब्यू कइलें आ द सुगरलैंड एक्सप्रेस (1974) में बनावलें। अगिला साल ऊ हर घर में जानल जाए वाला नाँव बन गइलें जब 1975 के गर्मी में ब्लॉकबस्टर जॉज आइल। एकरे बाद ऊ कई गो बॉक्स ऑफिस पर सफलता पावे वाली फिलिम बनवलें जेह में क्लोस एनकाउंटर ऑफ़ द थर्ड काइंड (1977), ई. टी. द एक्स्ट्राटेरेस्ट्रियल (1982), आ इंडियाना जोन्स सीरीज शामिल रहलीं। एकरे बाद ई ड्रामा फिलिम द कलर पर्पल (1985) आ एम्पायर ऑफ़ द सन (1987) बनावलें।

स्पीलबर्ग के इनका दू गो फिलिम शिंडलर्स लिस्ट (1993) आ सेविंग प्राइवेट रेयान (1998) खाती बेस्ट डाइरेक्टर के श्रेणी में अकैडमी अवार्ड मिलल बा।

संदर्भ[संपादन करीं]