स्टीफेन किंग
Appearance
Stephen King | |
|---|---|
2007 में किंग | |
| जनम | Stephen Edwin King सितंबर 21, 1947 Portland, Maine, U.S. |
| लेखन उपनाँव |
|
| पेशा |
|
| महतारी संस्था | University of Maine |
| समय | 1967–present[1] |
| बिधा | |
| जीवनसाथी | |
| संतान | 3, including: Joe Hill Owen King |
| दसखत | |
| वेबसाइट | |
| stephenking | |
स्टीफेन एडविन किंग (अंग्रेजी: Stephen King; 21 सितंबर 1947) एगो अमेरिकी लेखक बाड़ें जे हॉरर, सुपरनैचुरल फिक्शन, सस्पेंस, साइंस फिक्शन आ फैंटेसी जइसन बिधा के चीज लिखे लें। इनके लिखल कहानी सभ पर कई गो फिलिम आ टीवी सीरियल वगैरह बन चुकल बाड़ें। इनके लिखल किताब सभ के अबतक ले 350 मिलियन (3.5 करोड़) कॉपी बिका चुकल बा।
किंग अपना लेखक के कैरियर में अबतक ले 58 गो उपन्यास लिख चुकल बाड़ें जेह में 7 गो ऊ रिचार्ड बाखमैन के नाव से लिखलें, छह गो नॉन-फिक्शन किताब लिख चुकल बाड़ें आ लगभग 200 से ढेर कहानी लिख चुकल बाड़ें जे किताब के रूप में छपल बाड़ी स।
इनका के कई गो अमेरिकी आ अंतर्राष्ट्रीय पुरस्कार आ अवार्ड मिल चुकल बाड़ें। कुछ लोग इनका के "किंग ऑफ हॉरर" के उपाधि भी देला।
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ King, Tabitha; DeFilippo, Marsha. "Biography". StephenKing.com. Archived from the original on मई 9, 2008. Retrieved दिसंबर 8, 2013.
| ई जीवनी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
| ई लेख एगो लेखक, कवि या नाटककार की बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |