सेन्हा नून
Appearance
सेन्हा नून (अंग्रेजी: Himalayan salt चाहे Himalayan rock salt), जेकरा के सेंधा नमक (संस्कृत: सैंधव लवण) के नाँव से जानल जाला, मुख्य रूप से पाकिस्तान आ कुछ मात्रा में भारत आ नेपाल के हिमालयी इलाका में पावल जाए वाला चट्टानी नून हवे जेकरा के खदान से खन के निकालल जाला। ई प्राकृतिक सोडियम क्लोराइड खनिज हवे जेह में कुछ अउरी तत्व मिलल रहे लें। एकरा के भट्ठा में तपा के काला नमक बनावल जाला।
एकर आम इस्तेमाल खाए पिए वाला चीजन में ऊपर से छिरके खातिर होला, हालाँकि, कुछ लोग एह में खानों पकावे ला। हिंदू लोग जे व्रत में नमक ना खाला, ई वाला नून डार के खाना पकावे ला। कुछ स्रोत में एकरे सेहत खातिर फायदेमंद होखे के दावा भी कइल जाला।
बाहरी कड़ी
[संपादन करीं] विकिमीडिया कॉमंस पर संबंधित मीडिया बाटे: |
- "Video: Himalayan Salt Cutting process". Folk Market via YouTube. 25 February 2015.
ई लेख कौनों मिनरल या मिनरलाह की बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
ई खाना-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |