सेन्हा नून

विकिपीडिया से
मोट दाना वाला सेन्हा नून।
पाकिस्तान के खेवड़ा खदान के सेन्हा नमक।

सेन्हा नून (अंग्रेजी: Himalayan salt चाहे Himalayan rock salt), जेकरा के सेंधा नमक (संस्कृत: सैंधव लवण) के नाँव से जानल जाला, मुख्य रूप से पाकिस्तान आ कुछ मात्रा में भारत आ नेपाल के हिमालयी इलाका में पावल जाए वाला चट्टानी नून हवे जेकरा के खदान से खन के निकालल जाला। ई प्राकृतिक सोडियम क्लोराइड खनिज हवे जेह में कुछ अउरी तत्व मिलल रहे लें। एकरा के भट्ठा में तपा के काला नमक बनावल जाला।

एकर आम इस्तेमाल खाए पिए वाला चीजन में ऊपर से छिरके खातिर होला, हालाँकि, कुछ लोग एह में खानों पकावे ला। हिंदू लोग जे व्रत में नमक ना खाला, ई वाला नून डार के खाना पकावे ला। कुछ स्रोत में एकरे सेहत खातिर फायदेमंद होखे के दावा भी कइल जाला।

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]

  • "Video: Himalayan Salt Cutting process". Folk Market via YouTube. 25 February 2015.