सेंट ग्रेगरी दि इलुमिनेटर कैथेड्रल, येरेवन
सेंट ग्रेगरी दि इलुमिनेटर कैथेड्रल | |
---|---|
बेसिक जानकारी | |
लोकेशन | तिग्रान मेट्स एवेन्यू, केंत्रान, येरेवन, आर्मीनिया |
अक्षांस-देशांतर | 40°10′19″N 44°31′01″E / 40.172003°N 44.516836°Eनिर्देशांक: 40°10′19″N 44°31′01″E / 40.172003°N 44.516836°E |
धर्म/मत | आर्मीनियाई एपोस्टली चर्च |
देस | आर्मीनिया |
साल | 23 सितंबर 2001 |
स्टेटस | चालू |
अगुवाई | कैथोलिकोस ऑफ़ आल आर्मेनियंस |
Architectural description | |
आर्किटेक्चर | Stepan Kurkchyan |
आर्किटेक्चर प्रकार | चर्च |
आर्किटेक्चर इस्टाइल | आर्मेनियाई आर्किटेक्चर |
Groundbreaking | 1997 |
पूरा भइल | 2001 |
बिसेस लच्छन | |
क्षमता | 1700 |
ऊँचाई (अधिकाधिक) | 60 मीटर (200 फीट)[1] |
सेंट ग्रेगरी दि इलुमिनेटर कैथेड्रल (अंग्रेजी: Saint Gregory the Illuminator Cathedral), जेकरा के खाली येरेवन कैथेड्रल के नाँव से भी जानल जाला, दुनिया के सभसे बड़ आर्मीनियाई एपोस्टली चर्च बाटे। ई आर्मीनिया के राजधानी येरेवन के बिचला हिस्सा केंत्रान डिस्ट्रिक्ट में बाटे। ई दक्खिनी कॉकेशस इलाका के सभसे बड़ा धार्मिक बिल्डिंग सभ में गिनल जाला। जनरल एंद्रानिक मेट्रो इस्टेशन के बगल में मौजूद ई चर्च येरेवन शहर के कई हिस्सन से आसानी से देखलाई पड़े ला।
इतिहास
[संपादन करीं]एह कैथेड्रल के निर्माण कैथोलिकोस पहिला वाज़जेन (Vazgen I) के कोसिस से भइल। निर्माण के सुरुआत 7 अप्रैल 1997 के शुरू भइल आ एकरे जमीन आशीष (एक किसिम के भूमि पूजा) के काम कैथोलिकोस पहिला कारेकिन (Karekin I) द्वारा कइल गइल।[2] बिल्डिंग के डिजाइन आर्किटेक्ट स्तेपान कुर्कच्यान (Stepan Kurkchyan) द्वारा तईयार कइल गइल आ ई 2001 में बन के पूरा भइल।
इहाँ धार्मिक पूजा के सुरुआत (कौंसीक्रेशन) 23 सितंबर 2001 के भइल जे आर्मेनिया के ईसाई राज्य घोषित होखे के 1700वीं बरसी रहल।[2] एह कैथेड्रल में संत ग्रेगरी दि इलुमिनेटर के आ संत ग्रेगरी के इटली के नेपल्स से ले आइल अवशेष (रेलिक्स) रखल गइल बाटे। अहिजा धार्मिक पूजा-प्रार्थना के सुरुआत के कुछे समय बाद दूसरा पोप जॉन पॉल (Pope John Paul II) इहाँ आइल रहलें।[3]
आर्किटेक्चर
[संपादन करीं]ई बिसाल कैथेड्रल तीन गो चर्च से बनल हवे: कैथेड्रल (मेन चर्च) में 1700 सीट बाटे जबकि साइड वाला चर्च चैपल ऑफ़ सेंट तिरिदातेस दि किंग (St. Tiridates the King) आ सेंट आश्खेन दि क्वीन (Saint Ashkhen the Queen) दुनों में 150 सीटन के बेवस्था बाटे। ई दुनों राजा-रानी लोग सभसे महत्वपूर्ण लोग रहे जे आर्मेनिया के ईसाई बनावे में संत ग्रेगरी के मदद कइल। बेलफ्राई टावर (जेह में 30 से बेसी आर्च बा) आ सामूहिक कोर्ट कैथेड्रल के दुआर पर मौजूद बाड़ें। रिसेप्शन आ चर्च-संबंधी कामकाज खातिर बेवस्था मेन चर्च के निचला तल्ला पर बाटे।
एह पूरा परिसर के रकबा लगभग 3,822 वर्गमीटर बाटे, आ जमीन से ले के टावर पर मौजूद सलीब (क्रॉस) तक ले एकर ऊँचाई 54 मीटर बा।[4]
मेन चर्च की निर्माण खाती रिचार्ड अलेक्जेंडर मानूगियान (Richard Alexander Manoogian) आ लुइस मानूगियान सिमोने (Louise Manoogian Simone) द्वारा दिहल गइल दान के रकम से भइल; ऊ लोग ई रकम अपना पिता एलेक्स मानूगियान आ महतारी मैरी मानूगियान के यादगार में दिहले रहल।[2] बाकी दू गो चैपल सभ के निर्माण नाज़ार आ अर्तेमिस नज़ारियान, अउरी केवोर्क आ लिंडा केवोर्कियान के दान से भइल जबकि बेल्फ्राई एदुआर्दो यूर्नेकियान के दान से बनल।
गैलरी
[संपादन करीं]-
Saint Gregory Cathedral and the equestrian statue of Andranik
-
The cathedral is built from orange-coloured tufa stones from Ani
-
पत्थर के स्लैब, आर्मीनियाई में लिखावट
-
सेंट ग्रेगरी दि इलुमिनेटर कैथेड्रल
-
सेंट ग्रेगरी दि इलुमिनेटर कैथेड्रल, अल्तार
-
सेंट ग्रेगरी दि इलुमिनेटर कैथेड्रल
-
सेंट ग्रेगरी दि इलुमिनेटर कैथेड्रल
-
सेंट ग्रेगरी दि इलुमिनेटर कैथेड्रल, स्टेंड-शीशा के खिड़की
-
सेंट ग्रेगरी दि इलुमिनेटर कैथेड्रल, स्टेंड-शीशा के खिड़की
-
सेंट ग्रेगरी दि इलुमिनेटर कैथेड्रल, स्टेंड-शीशा के खिड़की
-
सेंट ग्रेगरी दि इलुमिनेटर कैथेड्रल, स्टेंड-शीशा के खिड़की
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ https://www.azatutyun.am/a/1567049.html
- ↑ 2.0 2.1 2.2 http://asbarez.com/42657/louise-simone-and-richard-manougian-donate-2-million-to-yerevan-cathedral-project/ Louise Simone and Richard Manougian Donate $2 Million to Yerevan Cathedral Project
- ↑ http://w2.vatican.va/content/john-paul-ii/en/homilies/2001/documents/hf_jp-ii_hom_20010926_yerevan-st-gregory.html APOSTOLIC VOYAGE IN ARMENIA, ECUMENICAL CELEBRATION, HOMILY OF JOHN PAUL II. Cathedral of St. Gregory the Illuminator, Yerevan, 26 September 2001
- ↑ "Yerevan churches". Official Website of the Yerevan Council. Archived from the original on 2011-10-02. Retrieved 2009-08-24.
बाहरी कड़ी
[संपादन करीं]विकिमीडिया कॉमंस पर संबंधित मीडिया Cathedral of Yerevan पर मौजूद बा। |
- ऑफिशियल वेबसाइट Archived 2018-10-08 at the Wayback Machine
- Surp Grigor Lusavorich church