Jump to content

सेंट्रल यूनिवर्सिटी (भारत)

विकिपीडिया से
(सेंट्रल यूनिवर्सिटी से अनुप्रेषित)
बनारस हिंदू यूनिवर्सिटी के गेट, ई 1916 स्थापित आ सेंट्रल बनल पहिला यूनिवर्सिटी ह।
इलाहाबाद विश्वविद्यालय के विजयनगरम हाल, इलाहाबाद यूनिवर्सिटी के स्थापना 1887 में भइल बाक़ी एकरा के वर्तमान सेंट्रल दर्जा 2005 में मिलल।

भारत में सेंट्रल यूनिवर्सिटी ऊ सार्वजनिक यूनिवर्सिटी ह, जवन संसद से पारित कानून के तहत स्थापित कइल गइल बाड़ी स। आमतौर पर ई सभ शिक्षा मंत्रालय के उच्च शिक्षा विभाग के अधीन आवेली स, हालाँकि नौ गो यूनिवर्सिटी अइसनो बाड़ी स, जवन दूसरे मंत्रालयन के अधीन आवेली स। भारत में आम तौर पर यूनिवर्सिटी सभ के मान्यता यूनिवर्सिटी अनुदान आयोग (यूजीसी) देला। यूजीसी के अधिकार यूनिवर्सिटी अनुदान आयोग अधिनियम, 1956 से मिलल बा। एह अलावा, मान्यता, समन्वय आ उच्च शिक्षा के अलग-अलग पहलुअन के देखरेख करे खातिर 15 गो पेशेवर परिषद (प्रोफेशनल काउंसिल) स्थापित कइल गइल बाड़ी स।

सेंट्रल यूनिवर्सिटी सभ पर सेंट्रल यूनिवर्सिटी अधिनियम, 2009 लागू होला। एह कानून में एह यूनिवर्सिटी सभ के उद्देश्य, अधिकार, प्रशासन आ कामकाज से जुड़ल प्रावधान तय कइल गइल बा, आ एहिजे 12 गो नया केंद्रीय यूनिवर्सिटी के स्थापना भी कइल गइल रहे। जून 2023 तक यूजीसी से प्रकाशित लिस्ट के अनुसार, भारत में कुल 56 गो केंद्रीय यूनिवर्सिटी बाड़ी स।


भारत के सेंट्रल यूनिवर्सिटी
यूनिवर्सिटी राज्य जगह सेंट्रल बनल स्थापना विशेषता स्रोत
आंध्र प्रदेश सेंट्रल जनजातीय विश्वविद्यालय[नोट 1] आंध्र प्रदेश विजयनगरम 2019 2019 सामान्य [1]
आंध्र प्रदेश के सेंट्रल विश्वविद्यालय[नोट 1] आंध्र प्रदेश अनंतपुरम 2019 2019 सामान्य [2]
राष्ट्रीय संस्कृत विश्वविद्यालय[नोट 2] आंध्र प्रदेश तिरुपति 2020 1956 संस्कृत [3]
राजीव गांधी यूनिवर्सिटी अरुणाचल प्रदेश इटानगर 2007 1985 सामान्य [4]
असम विश्वविद्यालय असम सिलचर 1994 1994 सामान्य [5]
  1. 1 2 उद्धरण खराबी:Invalid <ref> tag; no text was provided for refs named "Amendment".
  2. उद्धरण खराबी:Invalid <ref> tag; no text was provided for refs named "Sanskrit".


  1. "आंध्र प्रदेश सेंट्रल जनजातीय विश्वविद्यालय". ctuap.in. Archived from the original on 2020-11-30. Retrieved 22 नवंबर 2020.
  2. "आंध्र प्रदेश सेंट्रल यूनिवर्सिटी". cuap.ac.in. आंध्र प्रदेश सेंट्रल विश्वविद्यालय. Retrieved 21 नवंबर 2019.
  3. "राष्ट्रीय संस्कृत यूनिवर्सिटी प्रोफाइल". राष्ट्रीय संस्कृत यूनिवर्सिटी. Retrieved 22 नवंबर 2020.
  4. "आरजीयू के बारे में". rgu.ac.in. राजीव गांधी यूनिवर्सिटी. Archived from the original on 2013-08-09. Retrieved 26 जून 2011.
  5. "असम यूनिवर्सिटी के बारे में". www.aus.ac.in. असम यूनिवर्सिटी. Retrieved 22 नवंबर 2020.