सेंटीमीटर

विकिपीडिया से
सेंटीमीटर
बढ़ई लोग के रूलर जेह में सेंटीमीटर में पैमाना बनल बा।
Unit information
Unit systemमीट्रिक
Unit ofलंबाई
Symbolcm 
Unit conversions
1 cm in ...... is equal to ...
   एसआइ यूनिट   10 mm
   इंपीरियल & यूएस सिस्टम   ~0.3937 इंच

सेंटीमीटर भा सेंटिमीटर (अंग्रेजी: Centimetre) मीटरी सिस्टम में, लंबाई नापे के एगो इकाई (यूनिट) हवे जे एक मीटर के सउवाँ हिस्सा के बरोब्बर होला; सेंटी शब्द एसआई यूनिट में सउवाँ हिस्सा 1/100.[1] के कहल जाला। एकर चीन्हा cm होला आ देवनागरी में एकरा के छोट रूप में सेमी लिखल जाला।

ई पहिले बेस इकाई रहल जब सेंटीमीटर-ग्राम-सेकेंड (CGS) सिस्टम के इस्तेमाल होखे जे अब चलन से बहरें हो गइल बा। हलाँकि, मीटर आ किलोमीटर के इस्तेमाल जादेतर बैज्ञानिक नापजोख में इस्तेमाल होला, बहुत सारा प्रेटीकल कामकाज सभ में सेंटीमीटर के इस्तेमाल चलन में बा।

लंबाई के अउरी इकाई सभ से तुलना[संपादन करीं]

1 सेंटीमीटर = 10 मिलीमीटर
= 0.01 मीटर
= 0.393700787401574803149606299212598425196850 इंच
 (एक इंच में सटीक 2.54 सेंटीमीटर होलें।)

एक मिलीलीटर के एसआइ यूनिट में एक घन सेंटीमीटर के बराबर आयतन के रूप में परिभाषित कइल जाला।


युनिकोड चीन्हा[संपादन करीं]

चीनी, जापानी आ कोरियाई लिखाई में चीन्हा सभ के साथे मैच करावे के मकसद से एह सेंटीमीटर के युनिकोड चीन्हा बनावल गइल बाड़ें:[2]

  • सेंटीमीटर (㎝) – कोड 339D
  • वर्ग सेंटीमीटर (स्क्वेयर सेंटीमीटर) (㎠) – कोड 33A0
  • घन सेंटीमीटर (क्यूबिक सेंटीमीटर) (㎤) – कोड 33A4

ई युनिकोड चीन्हा सभ चीनी-जापानी-कोरियाई (CJK) फोंट सभ के साथे इस्तेमाल होलें काहें से की इनहना के चौड़ाई एक चीनी अच्छर के चौड़ाई के बरोब्बर बाटे।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "Decimal multiples and submultiples of SI units". Bureau International des Poids et Mesures. 2014. Retrieved 5 July 2015.
  2. CJK Compatibility excerpt from The Unicode Standard, Version 10.0.