साल्वेटर मुंडी
साल्वेटर मुंडी, लैटिन भाषा के नाँव हवे जेकर मतलब हऽ बिस्व के उद्धार करे वाला, ई पच्छिमी जगत के कला में एगो प्रमुख बिसयबिंदु हवे जेह में ईसा मसीह के कई ठो चित्र दुनिया के उद्धार करे वाला के रूप में बनावल गइल बाने। चित्रन में ईसा मसीह के दाहिना हाथ ऊपर के ओर इशारा करे ला आ दू गो अँगुरी क्रास करत ऊपर के ओर उठल देखावल जालीं जबकि बायाँ हाथ में पारदर्शी ग्लोब (जादुई गोला) देखावल जाला।
अइसन पेंटिंग सभ में सभसे मशहूर बा लियोनार्डो डा विंसी के बनावल साल्वेटर मुंडी जवन पेंटिंग बिक्री के अबतक के इतिहास में सभसे महँग बिकाइल पेंटिग के रेकार्ड कायम कइले बा।
कला सभ[संपादन करीं]
पंद्रहवीं सदी के कला में ई एगो प्रमुख बिसयबिंदु रहल आ कई जगह एकर निरूपण भइल बा:
Carlo Crivelli, Cristo benedicente (c. 1472)
Leonardo da Vinci, Salvator Mundi (c. 1500)
Andrea Previtali, Salvator Mundi (1519), National Gallery
Titian's version of Salvator Mundi (1570)
बाहरी कड़ी[संपादन करीं]
विकिमीडिया कॉमन्स पर Blessing Jesus Christ से संबंधित मीडिया
![]() | ई कला-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |