सामाजिक मुद्दा आ समस्या

विकिपीडिया से

सामाजिक मुद्दा (Social issues) आ सामाजिक समस्या (Social problems) अइसन समस्या होला जे कौनों समाज में काफी लोगन के परभावित करे। अइसन समस्या सभ अक्सरहा अकेल ब्यक्ति के कंट्रोल से बाहर होलीं, या फिर कौनों सामाजिक बिसय पर अलग-अलग मत होखे के कारण ऊ बिसय समाज खातिर मुद्दा बन जाय या मतभेद के कारण समाज में समस्या पैदा हो जाय अइसन भी होला।

आर्थिक समस्या, सामाजिक समस्या से अलग होखे लीं हालाँकि इनहन क आपस में जुड़ाव होखे से इनकार ना कइल जा सके ला; आर्थिक समस्या से सामाजिक समस्या भी पैदा हो सके लीं। कुछ सामाजिक समस्या एह सभसे एकदम अलग बाहरी कारण से हो सके लीं जइसे कि जुद्ध के कारण।

सामाजिक मुद्दा सभ से निपटे में भा सामाजिक समस्या सभ के सुल्झावे के बारे में भी अलग-अलग मत हो सके ला काहें कि लोगन के परसेप्शन अलग-अलग किसिम के हो सके ला।

सामाजिक समस्या के परिभाषा देवे में ई कहल गइल बा कि, "ई अइसन एक्टिविटी होखे लीं जेह में ब्यक्ति लोग भा ब्यक्ति लोगन के समूह कौनों आमतौर पर स्वीकृत दसा के संबंध में आपन दावेदारी भा नाराजगी के कथन करे ला"।[1] इनहन के पहिचान करे खाती तीन गो बात के होखल स्वीकार कइल गइल बा: 1. इनहन से भारी संख्या में लोग परभावित होखे ला आ ई कौनों एगो ब्यक्ति के समस्या ना होली सऽ, 2. कुछ न कुछ अइसन बस्तुनिष्ठ (ऑब्जेक्टिव) चीज जरूर होखे ला जेकरा ओर (एह समस्या के रूप में) इशारा कइल जा सके, आ 3. कुछ लोग एह बस्तुनिष्ठ दसा सभ के बारे में जागरूक आ चिंतित होला।[2]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Adam Jamrozik; Luisa Nocella (13 July 1998). The Sociology of Social Problems: Theoretical Perspectives and Methods of Intervention. Cambridge University Press. pp. 32–. ISBN 978-0-521-59932-0.
  2. Edward Seidman; Julian Rappaport (29 June 2013). Redefining Social Problems. Springer Science & Business Media. pp. 69–. ISBN 978-1-4899-2236-6.