Jump to content

सहजानंद सरस्वती

विकिपीडिया से
सहजानंद सरस्वती
Born(1889-02-22)22 फरवरी 1889
Died25 जून 1950(1950-06-25) (उमिर 61)
पटना, भारत
Occupationsसमाज सुधारक, इतिहासकार, संत, राजनीतिग्य

स्वामी सहजानंद सरस्वती (1889-1950) एगो संत, राष्ट्रवादी, आ किसान आंदोलन के अगुआ रहलें। उनुकर जनम ओह समय के संजुक्त प्रांत (आज के उत्तर प्रदेश) में भइल बाकी उनुकर सामाजिक-राजनीतिक गतिशीलता शुरुआत में बिहार में रहल आ बाद में बाकी भारत में फइल गइल जब ऊ आल इंडिया किसान सभा के अस्थापना कइलेन। पटना के लगे बिहटा में ऊ एगो आश्रम के अस्थापना कइलेन आ अपना बाद के जिनगी के अधिकतर काम ओहिजे रह के कइलें। ऊ एगो बौद्धिक, लेखक, सामज सुधारक आ क्रांतिकारी रहलें।

सहजानंद के जन्म उत्तर प्रदेश के गाजीपुर जिला में एगो भुइँहार परिवार में भइल। इनके बचपन क नाँव नवरंग राय रहल।