समलैंगिकता
Jump to navigation
Jump to search
समलैंगिकता समान लिंग वाला लोग के बीच रोमांटिक भा सेक्सुअल आकर्षण या प्रेम संबंध हवे। अइसन लोग जे समलैंगिक संबंध में होखे ओह लोग के समलैंगिक कहल जाला। अलग अलग बतावे के होखे तब पुरुष समलैंगिक लोग के "गे" (gay) आ औरत समलैंगिक लोग के "लेस्बियन" (lesbian) कहल जाला।
समलैंगिकता के अलावा अउरी दू तरह के सेक्सुअल झुकाव पावल जालें जिनहन के बाईसेक्सुअल आ हेट्रोसेक्सुअल कहल जाला। समलैंगिक लोग अइसन संबंध खाती मान्यता के डिमांड करत रहल बा आ कई देस सब में अइसन संबंध के कानूनी मान्यता भी बा; हालाँकि अभिन भी कई सारा देस में अइसन संबंध बनावल बैध ना हवे आ एकरे खाती सजा भी हो सके ला।
समलैंगिक लोग के संगठन एलजीबीटी संगठन के नाँव से जानल जालें।
संदर्भ[संपादन]
![]() | ई समाज भा समाजशास्त्र-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |