Jump to content

सबरीमला मंदिर

विकिपीडिया से
सबरीमला मंदिर
Sabarimala Shreekovil
सबरीमला मंदिर is located in Kerala
सबरीमला मंदिर
Location in Kerala
बेसिक जानकारी
लोकेशनPerunad
अक्षांस-देशांतर9°26′15″N 77°04′50″E / 9.4375°N 77.0805°E / 9.4375; 77.0805निर्देशांक: 9°26′15″N 77°04′50″E / 9.4375°N 77.0805°E / 9.4375; 77.0805
धर्म/मतHinduism
देवताDharmasasta as Ayyappa
तिहुआरMakaravilakku
DistrictPathanamthitta
राज्यकेरल
देसIndia
वेबसाइटwww.sabarimala.kerala.gov.in
Architectural description
आर्किटेक्चर प्रकारKerala Temple architecture
पूरा भइलBefore 12th century AD
बिसेस लच्छन
मंदिर सभ4
ऊँचाई480 मी (1,575 फीट)

सबरीमला मंदिर भारतीय राज्य केरल में मौजूद पेरियार टाइगर रिजर्व में एगो हिंदू मंदिर बा। ई हिंदू धर्म के कुछ सभसे पबित्र मंदिर सभ में से एक मानल जाला। इहाँ तीर्थजतरा करे आवे वाला लोग के सालाना संख्या दुनिया में सबसे ढेर बा आ अनुमान बा कि लगभग 1.7 करोड़ से ले के 3 करोड़ लोग हर साल इहाँ आवे ला। कुछ अनुमान सभ के मोताबिक ई संख्या 5 करोड़ (50 मिलियन) तक भी बतावल जाले।मंदिर के मुख्य देवता भगवान अय्यपन हवें जिनके मान्यता अनुसार शिवविष्णु के बेटा बतावल जाला। सबरीमला में शैव, वैष्णव, शाक्त आ अउरी श्रमण परंपरा सभ के मेरवन आ आपसी सामंजस्य देखे के मिले ला।

मुख्य मंदिर एगो पहाड़ी के चोटी पर बनल बा आ एकरे चारों ओर अठारह गो पहाड़ी बाड़ी सऽ। इनहनों पर मंदिर बनल बाड़ें आ अउरी बिबिध कथा से जुड़ल मंदिर भी आसपास बाने। मंदिर आम जनता के दर्शन खाती साल में तीन गो अवसर पर खुले ला — मंडलपूजा, मकर संक्रांति आ मेष संक्रांति पर।

परंपरा अनुसार मंदिर में औरतन के परबेस बर्जित हवे, हालाँकि, छोट उमिर के लइकी आ बृद्धा औरत लोग के जाए दिहल जाला। केरल हाईकोर्ट अपना एगो फैसला में एह परंपरा के अइसहीं राखे के निर्णय दिहले रहल जबकि साल 2018 में भारत के सुप्रीम कोर्ट औरतन के मंदिर जाए देवे से मनाही के असंबैधानिक आ बिभेदकारी मानल।