सत्यपाल मलिक
Jump to navigation
Jump to search
सत्यपाल मलिक | |
---|---|
![]() | |
बिहार के 35वाँ राज्यपाल | |
पद पर मौजूद | |
पदभार लिहल गइल 04 अक्टूबर 2017 | |
इनसे पहिले | केशरीनाथ त्रिपाठी |
सांसद, लोकसभा | |
पद पर रहलें 1989-1991 | |
इनसे पहिले | उषा रानी तोमर |
इनके बाद | शीला गौतम |
सीट | अलीगढ़ |
सांसद, राज्यसभा | |
पद पर रहलें 1980-1989 | |
सीट | उत्तर प्रदेश |
निजी जानकारी | |
जनम |
मेरठ (अब बागपत जिला), उत्तर प्रदेश[1] | 24 जुलाई 1946
राजनीतिक पार्टी | भारतीय जनता पार्टी |
सत्यपाल मलिक भारतीय राज्य बिहार के नया नियुक्त भइल राज्यपाल बाने। मलिक, 4 अक्टूबर 2017 के आपन पदभार लिहें।[2] हिनके नियुक्ती के घोषणा 30 सितंबर के भइल।
जीवन[संपादन]
सत्यपाल मलिक के जनम उत्तर प्रदेश के मेरठ जिला के एगो गाँव में (अब बागपत जिला) एक ठो मध्यमबर्ग के परिवार में भइल। मेरठ कालेज से इनके पढ़ाई भइल। मलिक राजनीति में आवे से पहिले बीए एलएलबी के पढ़ाई कइलेन।
कैरियर[संपादन]
मलिक एकरे पहिले लोकसभा आ राज्य सभा दुनों में सांसद रह चुकल बाने। नउवीं लोकसभा में ई अलीगढ सीट से जीत के चहुँपल रहलें आ 1989 से 1991 तक ले सांसद रहलें। एकरे पहिले इनके उत्तर प्रदेश से राज्यसभा के सांसद के रूप में चुनल गइल रहे आ एह पद पर 1980 से 1989 तक ले रहलें।
बिहार के राज्यपाल नियुक्त होखे से ठीक पहिले सत्यपाल मलिक, भाजपा के उपाध्यक्ष (वाइस-प्रेसिडेंट) रहलें।
संदर्भ[संपादन]
- ↑ "9th Lok Sabha Members Bioprofile". लोक सभा. पहुँचतिथी 30 सितंबर 2017.
- ↑ First published: October 2, 2017. "bihar news, patna news, governor of bihar, satypal malik सत्यपाल मलिक– News18 Hindi". Hindi.news18.com. पहुँचतिथी 2017-10-02.
![]() ![]() | ई लेख भारत की केहू नेता की बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |