Jump to content

सआदत हसन मंटो

विकिपीडिया से
सआदत हसन मंटो
Born11 मई 1912
Died18 जनवरी 1955(1955-01-18) (उमिर 42)
Lahore, Punjab, Pakistan
Occupationsकहानीकार, पटकथा लेखक
Years active1934–1955
Awardsनिशान-ए-इम्तियाज़

सआदत हसन मंटो उर्दू क एगो बहुत मशहूर लेखक रहलें। मुख्य रूप से उनकर प्रसिद्धि कहानी लेखक की तरे बा लेकिन कहानी की आलावा ऊ फिल्म के स्क्रिप्ट, रेडियोनामा आ नाटक भी लिखलें।

मंटो क जनम अंग्रेजन की समय की भारत में 11 मई सन 1912 ई. में समराला, पंजाब में भइल। मंटो के शुरूआती पढ़ाई अमृतसर में आ फ़िर इन्वार्सिटी के पढ़ाई अलीगढ़ में भइल। बंबई (अब मुंबई) में रहि के काफ़ी लेखन कइलें आ सन 1948 ई. में ऊ पाकिस्तान चलि गइलें।

अंग्रेजी हुकूमत आ पाकिस्तान सरकार दुनो उनपर तीन तीन बेर अश्लीलता के आरोप में मुकदमा चलावल लेकिन एक्को बेर आरोप साबित ना भइल। तमाशा उहाँ के पहिली कहानी रहे आ ए पर अंग्रेजी हुकूमत प्रतिबन्ध लगा दिहलस। उनकी प्रसिद्द रचना में टोबा टेक सिंह, बू, ठंडा गोश्त, खोल दो, आ धुआँ जइसन कहानी बाड़ी कुल।

खाली बयालिस बरिस की उमिर में उनकर देहांत लाहौर में 18 जनवरी, 1955 के हो गइल