शार्क

विकिपीडिया से
Sharks
समय बिस्तार: लुडफोर्डियन-वर्तमान, 425–0Ma
[1]
TDpGUipa.jpg
ऊपर बाएं से घड़ी के दिसा में: स्पाइनी डॉगफिश, जापानी सॉशार्क, व्हेल शार्क, ग्रेट वाइट शार्क, हार्न शार्क, फ्रिल्ड शार्क, स्कैलूप्ड हैमरहेडऑस्ट्रेलियाई एंजेलशार्क
बैज्ञानिक वर्गीकरण e
किंगडम: एनिमेलिया
(Animalia)
फाइलम: कार्डेटा
(Chordata)
क्लास: Chondrichthyes
Subclass: Elasmobranchii
Infraclass: Euselachii
Superorder: Selachimorpha

शार्क मछरी सभ के एगो कुल खानदान ह जेकरा भीतर कई ठे प्रजाति के शार्क होलीं। शार्क सभ के बैज्ञानिक रूप से सेलाचीमॉर्फ़ा (Selachimorpha) चाहे सेलाची (Selachii) क्लाड में रखल जाला। इनहन के शरीर में हड्डी ना होले बलुक ओकरे जगह कार्टिलेज होला जे एक किसिम के रबर नियर लचकदार बाकी मजबूत चीज हवे जे हड्डी के काम करे ला।

शार्क सभ के लगभग 350 अलग-अलग किसिम पावल जालीं, जइसे कि ग्रेट वाइट शार्कव्हेल शार्क। पुराना ज़माना के फॉसिल रिकार्ड से पता चले ला कि शार्क सभ एह धरती पर करीब 420 मिलियन बरिस पहिले से मौजूद बाड़ी, जब सुरुआती सिल्यूरियन काल रहे तबसे ले के अबतक ले।[2] ग्रेट वाइट शार्क सभसे बड़हन साइज के शार्क होखे लीं।

ज्यादातर शार्क सभ शिकारी होली, मने की ऊ शिकार करे लीं आ समुंद्री छोट मछरी, मैमल आ अउरी समुंद्री जीव सभ के मार के खालीं। हालाँकि, सभसे बड़ शार्क सभ व्हेल नियर, क्रिल सभ के खालीं। आम तौर पर ई मानल जाला कि शार्क चुपचाप शिकार करे लीं आ "साइलेंट-किलर" होखे लीं, बाकी हाल के अध्ययन में ई पता लगावल गइल बा कि ई अपना गला से मद्धिम गुरगुराहट के आवाज निकाले लीं जे इनहन के स्केल्स (सांस लेवे वाला छेद) से हो के गूँज पैदा करे ला। जादेतर शार्क सभ ठंढा खून वाला जीव होली बाकी कुछ बड़ शार्क सभ जइसे कि ग्रेट वाइट शार्क आ माको शार्क सभ कुछ हद तक गरम खून बाली होखे लीं।

संदर्भ[संपादन करीं]

Page टेम्पलेट:Reflist/styles.css has no content.

  1. "Selachii (shark)". The Paleontological Database (PBDB). Archived from the original on 2018-07-10. Retrieved 2018-07-10.
  2. This includes the early fossil sharks which are classified under Elasmobranchii. Elasmo-research.org - Biology of Sharks and Rays