Jump to content

शराब

विकिपीडिया से

शराब एक किसिम क एल्कोहल वाला ड्रिंक ह जे अनाज, फल, सब्जी चाहे चीनी वाला चीज (सुगर) के डिस्टिलेशन से बनावल जाला; डिस्टिलेशन, मने की शराब चुआवे, के पहिले एह चीजन के एल्कोहल पैदा करे वाला फर्मेंटेशन (सरावे के एगो प्रक्रिया) कइल जाला। अंग्रेजी में एकरा के आमतौर प लिकर चाहे हार्ड लिकर भा स्पिरिट्स (यूनाइटेड किंगडम में) कहल जाला। ई अउरी बाकी अल्कोहल वाला ड्रिंक सभ जइसे कि बीयर भा वाइन से बेसी अल्कोहल (इथनौल) वाला होला।

शराब के आम किसिम सभ में विस्की, रम, वोदका, जिन आ टकीला शामिल बाड़ें। विस्की आ ब्रांडी नियर शराब सभ में खास तरीका से पुरान कइल जरूरी मानल जाला जेकरा के अंग्रेजी में एजिंग कहल जाला। बहुत सारा शराब सभ में आर्टिफिशियल फ्लेवर मिलावल जाला। शराब के कई अउरी किसिम के पियल जाये वाला चीज सभ में मिला के कॉकटेल बनावल जाला।

शराब लोग नशा खातिर पिये ला जे एह में मौजूद एल्कोहल के मन आ दिमाग पर परे वाला परभाव, 'साइकोएक्टिव इफेक्ट', के चलते होला। शराब के सेहत पर परभाव, कम मात्रा में पिये पर डिप्रेसेंट के रूप में होला, एकरा चलते एंग्जाइटी घट जाला, आनंद बुझाला, आ आदमी बेसी सोशल महसूस करे ला; अउरी बेसी मात्रा में पिये पर नशा में धुत्त होखे, शरीर पर कंट्रोल खतम होखे, दिमाग के बेहवार पर कंट्रोल खतम होखे, आ बेहोशी के स्थिति पैदा हो सके ला; बहुत बेसी होखे पर जान जा सके ला। बहुत तेजी से अल्कोहल पिये से खतरनाक रूप से सेहत परभावित होला आ बहुत बेसी मात्रा में पिये प जान जा सकेला। कम मात्रा में बाकी लमहर समय ले शराब पिये पर बीबिध रोग होखे, समय से पहिले मौत होखे के खतरा बढ़ जाला। कई किसिम के कैंसर आ मानसिक (मेंटल) रोग होखे के कारन शराब पियल बा जे एह में मौजूद एल्कोहल के कारन होला।

शराब के जहाँ एक ओर आनंद देवे वाला चीज के रूप में देखल जाला; एकरा आदत लागे (एडिक्शन) आ लमहर समय ले सेवन से बिबिध किसिम के समस्या होखे के चलते एकरा के सामाजिक बुराई के रूप में देखल जाला।