Jump to content

विस्की

विकिपीडिया से
विस्की
whisk(e)y
गिलास में ढारल विस्की
Typeडिस्टिलेशन से बनावल ड्रिंक
Introduced13वीं–15वीं सदी
Alcohol by volume कम से कम 40%[1] (ऑस्ट्रेलिया में 37%,[2][3] दक्खिन अफ्रीका में 43%[1])
Proof (US)80 आ बेसी
Colourसोनहरा पीयर से अंबरीं
Ingredientsमाल्ट, पानी
Variants

विस्की, व्हिस्की चाहे ह्विस्की, एक किसिम क शराब हवे जे अनाज के मैश के फर्मेंट क के चुआवल जाला आ पुरान कइल जाला। एह में इस्तेमाल होखे वाला अनाज (जिनहन के माल्ट कइल गइल हो सके ला) मुख्य रूप से जव, मकई, राई आ गोहूँ होखे लें। विस्की के टिपिकल रूप में, लकड़ी के कास्क में रख के पुरान कइल जाला जेकरा के एजिंग कहल जाला, ई कास्क सभ सफ़ेद ओक के लकड़ी, जेकरा आगि से सेंक के करिया कइल गइल (charred) होखे ला, के बनल होखे लें। बिना करिया कइल ओक के लकड़ी वाला कास्कवनों में भर के पुरान करे के प्रासेस कुछ जगहन पर देखल जाला।

विस्की लगभग अधिकतर देसन में लाइसेंस आ रेगुलेशन के अधीन बनावल बेचल जाला। एकर बिबिध किसिम सभ एह में इस्तेमाल होखे वाला अनाज, फर्मेंटेशन के तरीका, चुआवे के तरीका आ लकड़ी के बैरल में पुरान करे के तरीका के आधार पर होखे लीं।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. 1.0 1.1 Wisniewski, Ian. "Does the ABV Really Matter?". Whisky Magazine. Archived from the original on 23 January 2021. Retrieved 20 July 2022.
  2. Bauer, Bruce T. (15 September 2016). "Why One Spirit Can Have Many Different ABVs". Punch. Retrieved 20 July 2022.
  3. "Standard 2.7.5 – Spirits – 2.7.5—3(3)(b)(ii)". Federal Register of Legislation – Food Australia New Zealand Food Standards Code. Australian Government. 5 December 2019. Retrieved 20 July 2022.