व्लादीमिर कोपेन

विकिपीडिया से
Wladimir Köppen
1921 में कोपेन
जनम25 September 1846
Saint Petersburg, Russian Empire
निधन22 जून 1940(1940-06-22) (उमिर 93)
Graz, Ostmark, Nazi Germany (now in Austria)[1]
राष्ट्रीयताRussian/German
काम के क्षेत्रGeography, meteorology, climatology, botany
संस्थाUniversity of Heidelberg
University of Leipzig
अल्मा मैटरUniversity of Saint Petersburg
Known forकोपेन के जलवायु वर्गीकरण

व्लादीमिर कोपेन (अंग्रेजी: Wladimir Köppen; 25 सितंबर 1846 — 22 जून 1940) एगो रशियन-जर्मन भूगोलवेत्ता, मौसमबिग्यानी, जलवायु बिग्यानी आ बनस्पति बिग्यानी रहलें। सेंट पीटर्सबर्ग में पढ़ाई के बाद उनके अधिकतर जिनगी आ कैरियर जर्मनी आ ऑस्ट्रिया में बीतल। इनके सभसे परसिद्ध आ महत्व के काम जलवायु के प्रकार के बर्गीकरण सिस्टम डेवलप कइल रहल जेकरा के अब कोपेन के जलवायु वर्गीकरण के रूप में जानल जाला; कुछ सुधार आ बदलाव के बाद ई आजो सभसे कॉमन इस्तेमाल वाला जलवायु बर्गीकरण हवे आ ब्यापक रूप से इस्तेमाल हो रहल बा।[2] एकरे अलावा कोपेन कई गो योगदान अउरी क्षेत्र में कइलें, एरोलॉजी (Aerology) शब्द दिहलें, ऊपरी वायुमंडल / हवा के अध्ययन के बिज्ञान खातिर।[3]

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Evan Burr Bukey (2002). Hitler's Austria: Popular Sentiment in the Nazi Era, 1938–1945. UNC Press Books. ISBN 978-0-8078-5363-4.
  2. "Wladimir Koppen: German climatologist". Encyclopædia Britannica Online. Retrieved 12 मई 2017.
  3. "Wladimir Koppen's 'Aerology'" (PDF). Archived from the original (PDF) on 2021-01-18. Retrieved 25 सितंबर 2020.

अउरी स्रोत[संपादन करीं]

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]