विलिवाव
Appearance
विलिवाव (अंग्रेजी: Williwaw,[1][2][3] पुराना हिज्जे: williwau), मौसम बिज्ञान में, अचानक कौनों पहाड़ी समुंद्र तीरे से समुंद्र के ओर होखे वाला हवा के ब्लास्ट के कहल जाला। एह शब्द के उत्पत्ती के बहुत जानकारी नईखे; हालाँकि, ई शब्द ब्रिटिश नाविक लोग 19वीं सदी के शुरुआत से क रहल बाटे।
लोकल हवा के रूप में दू गो जगह अइसन बाड़ीं जहाँ ई विलिवाव हवा चलें लीं: अल्यूशियन दीप समूह के लगे अलास्का के ओर से आ मैगलेन जलजोड़ (दक्खिन अमेरिका आ अंटार्कटिका के बीचा में) के लगे। अलास्का में एकरा खातिर आउटफ्लो विंड आ स्क्वामिश विंड नाँव से भी जानल जाला। तीसरे जगह, ग्रीनलैंड के लगे एकरा के पिटेराक के नाँव से जानल जाला।[4]
विलिवाव ठंढा हवा के पहाड़ी ढाल से अचानक नीचे धँसके से उत्पत्ती होखे ला आ एह तरीका से एकरा के एगो कैटाबैटिक हवा मानल जाला।[2]
इहो देखल जाय
[संपादन करीं]- पिटेराक (Piteraq)
- कैटाबैटिक हवा
- लोकल हवा सभ के लिस्ट
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ "Definition of WILLIWAW". merriam-webster.com (अंग्रेजी में). Retrieved 30 अप्रैल 2022.
- ↑ 2.0 2.1 "Wind of the World: Williwaw | weatheronline.co.uk". weatheronline.co.uk. Retrieved 30 अप्रैल 2022.
- ↑ Borneman, Elizabeth (1 फरवरी 2016). "Williwaw, a Colloquial Word for Katabatic Wind". Geography Realm.
- ↑ "Piteraqs: Downslope wind storms in southeast Greenland". www.eskp.de (अंग्रेजी में). Retrieved 30 अप्रैल 2022.
बाहरी कड़ी
[संपादन करीं]- Williwaw, a Colloquial Word for Katabatic Wind, geographyrealm.com पर। (अंग्रेजी में)
ई जलवायु बिज्ञान/मौसम बिज्ञान–संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |